[the_ad_group id="30365"]

बॉलीवुड स्टार सलमान खान से जुड़ल बड़ खबर, संदिग्ध फार्म हाउस में घुसले के कोशिश कईले, 2 गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मुंबई : बॉलीवुड स्टार सलमान खान से जुड़ल बड़ खबर सामने आईल बा। पनवेल में सलमान खान के फार्म हाउस में संदिग्ध घुसे के कोशिश करत बाड़े। एह मामिला में दू जने के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। संदिग्ध लोग से फर्जी आईडी भी बरामद हो चुकल बा अवरू उ लोग अपना के सलमान खान के फैन कहतारे।

कुख्यात गैंगेस्टर लॉरेंस बिश्नोई शामिल बाड़े!

इहाँ ए एंगल के जांच इहो कईल जा सकता कि गिरफ्तार लोग के कवनो गिरोह से कवनो संबंध बा कि ना। काहे कि कुख्यात गैंगेस्टर लॉरेंस बिश्नोई सलमान के जान से मारे के धमकी दिहले बा |

पूरा बात का बा?

पनवेल में सलमान खान के फार्म हाउस में दु लोग जबरन घुसे के कोशिश कईले। दुनों के सुरक्षाकर्मी रोक के पकड़ लेले। दुनों के स्थानीय पुलिस के सौंप दिहल गईल, जहां दुनो के गिरफ्तार कs लिहल गईल। दुनु के गतिविधि संदिग्ध रहे बाकिर दुनु जने अपना के सलमान के प्रशंसक घोषित कs लिहले रहले। दुनो के ओर से फर्जी आईडी कार्ड भी मिलल बा।

लॉरेंस बिश्नोई पs पंजाबी सिंगर सिद्धू मूसेवाला के हत्या के आरोप 

ध्यान देवे वाला बात बा कि पंजाबी सिंगर सिद्धू मूसेवाला के हत्या के आरोप लॉरेंस बिश्नोई नाम के एगो गुंडा पs लागल बा। लॉरेंस सलमान खान के जान से मारे के धमकी भी देले रहले। जेल के भीतर से एगो निजी चैनल के दिहल साक्षात्कार में लॉरेंस कहले रहले कि उनुका जिंदगी के मकसद सलमान खान के हत्या कईल बा।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]