[the_ad_group id="30365"]

Bhajan:चम्पारण के लाल के मुरीद भइले भजन सम्राट अनूप जलोटा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

 

 

गोनौली डूमरा पंचायत के गोनौली गांव निवासी भोजपुरी के प्रोफेसर बाबू साहेब तिवारी के पुत्र गीतकार प्रफुल्ल तिवारी द्वारा राम मंदिर प्राण प्रतिष्ठा के अवसर पs लिखल भजन “राम लला घर आ गइलें” बहुत निमन भजन बा।राम मंदिर के अभिषेक के मउका पs भजन सम्राट के नाव से जानल जाए वाला पद्मश्री अनूप जलोटा के गावल हs ई भजन। ई रचना उनका अतना नीक लागल कि भजन सम्राट भोजपुरी में काम करे के राजी हो गइलन।

जइसहीं ई गाना यूट्यूब चैनल भोजपुरी पs रिलीज भइल, एकर रील आ सोशल मीडिया पोस्ट पोस्ट छाइल बा।  सिंगापुर में स्थित भोजपुरी पs काम करत निर्माता शैलेन्द्र द्विवेदी के कंपनी भोजपुरी एह गीत के बनवले बिया जवना के संगीतकार सुधांशु पाण्डेय हउवें। आशुतोष उपाध्याय के निर्देशन में एह वीडियो में जानल मानल इन्फ्लुएंसर विपुल मिश्रा आ तनु उपाध्याय अनुप जलोटा के साथे काम कइले बाड़न। प्रफुल्ल के लिखल गीत “पिया जी के मुस्की” पछिला साल भोजपुरी फिल्मी गीतन पs लगावल लॉकडाउन के तोड़ दिहलस, जवना खातिर उनुका के भोजपुरी सिने अवार्ड में सर्वश्रेष्ठ लेखक के पुरस्कार भी मिलल।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]