Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अक्षरा सिंह के पटना इस्थित आवास प वैशाली पुलिस चस्पवलस नोटिस, जानीं का बा ममिला

भोजपुरी हीरोइन अक्षरा सिंह कथित रूप से वैशाली के लालगंज में पूर्व विधायक आ बाहुबली नेता मुन्ना शुक्ला के भतीजा के उपनयन संस्कार में परफॉर्म कइले रहली। कार्यक्रम में कोविड प्रोटोकॉल नियमन के उल्लंघन कइल गइल रहे। 

2,461

Akshara Singh: भोजपुरी के सुपर एक्ट्रेस अक्षरा सिंह के ग्रह दशा ए घरी ठीक नइखे चल रहल। हाले में अक्षरा सिंह के एगो कथित MMS वायरल भइल रहे। अभी ई ममिला शांत भइले रहे कि अब अक्षरा सिंह एक बेर फेर से एगो पुरान वीडियो के ममिला में फंसत नजर आ रहल बाड़ी। असल में, वैशाली पुलिस अक्षरा सिंह के पटना स्थित आवास प एगो नोटिस चस्पावल बा। अक्षरा प आरोप बा कि साल 2021 में कोरोना काल के दौरान कथित रूप से एगो कार्यक्रम में शिरकत कइले रही। जवना के एगो वीडियो सोशल मीडिया प वायरल भइल रहे। एही वायरल वीडियो के आधार प अक्षरा समेत आउर लोगन के खिलाफ केस दर्ज कइल गइल रहे। हालांकि खबर भोजपुरी वायरल वीडियो के पुष्टि नइखे करत।

का बा ममिला?

जानकारी के मोताबिक साल 2021 में भोजपुरी हीरोइन अक्षरा सिंह कथित रूप से वैशाली के लालगंज में पूर्व विधायक आ बाहुबली नेता मुन्ना शुक्ला के भतीजा के उपनयन संस्कार में परफॉर्म क थाइले रहली। कार्यक्रम में कोविड प्रोटोकॉल नियमन के उल्लंघन कइल गइल रहे। कार्यक्रम में पूर्व विधायक मुन्ना शुक्ला के बॉर्डीगार्ड सरकारी हथियार से फायरिंगो कइल गइल रहे। जेकर एगो कथित वीडियो सोशल मीडिया प वायरलो भइल रहे। वीडियो वायरल होखला के बाद पुलिस मुन्ना शुक्ला, उनकर पत्नी सह पूर्व विधायक अन्नू शुक्ला, सरकारी बॉडीगार्ड अमित कुमार आ अक्षरा सिंह प केस दर्ज कइल गइल रहे। एह ममिला में अक्षरा सिंह के छोड़के सब लोग कोर्ट से जमानत ले लेले बा। एही के लेके कोर्ट के आदेश प पुलिस अक्षरा सिंह के पटना इस्थित आवास प एगो नोटिस इश्तेहार चस्पावल बा।

कुर्की जब्ती के लेके चस्पावल गइल बा नोटिस

कोर्ट द्वारा जारी नोटिस में कहल गइल बा कि जदि अक्षरा सिंह तय समय प कोर्ट में हाजिर नइखी होत, त कोर्ट के आदेश प अक्षरा सिंह के घर के कुर्की जब्ती कइल जा सकत बा। एह ममिला में अक्षरा सिंह के ओर से बयान नइखे आइल। ममिला के लेके देसरी थानाध्यक्ष बतवले कि कोर्ट के आदेश प अक्षरा सिंह के पटना इस्थित आवास प नोटिस चस्पावल गइल बा। जदि अक्षरा सिंह एकरा बादो कोर्ट में तय समय प हाजिर नइखी होत, त कोर्ट के आदेश प आगे के कार्रवाई माने कुर्की जब्ती कइल जाई।

24 मार्च 2021 के बा ममिला

बता दीं कि वायरल वीडियो के आधार प 24 मार्च 2021 के लालगंज थाना में प्राथमिकी दर्ज कइल गइल रहे। एह ममिला में पांच नामजद सहित आउर के आरोपी बनावल गइल रहे। ममिला के जांच कइला के बाद पुलिस बाद में आउर आरोपियन के नाम हटा दिहले रहे। जबकि बाहुबली मुन्ना शुक्ला आ उनकर बॉडीगार्ड अमित कुमार के द्वारा फायरिंग कइला के बात सही साबित भइल रहे। जवना  बाद मुन्ना शुक्ला आ बॉर्डीगार्ड अमित सिंह के खिलाफ आर्म्स एक्ट के तहत ममिला दर्ज कइल गइल रहे। ओहिजा, अक्षरा सिंह, विधायक अन्नू शुक्ला आ एगो आउर के खिलाफ कोविड गाइडलाइंस के उल्लंधन करे के आरोप सही पावल गइल रहे।

377540cookie-checkअक्षरा सिंह के पटना इस्थित आवास प वैशाली पुलिस चस्पवलस नोटिस, जानीं का बा ममिला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.