[the_ad_group id="30365"]

‘केशव कुंज’ के प्रवेश उत्सव कार्यक्रम में संघ प्रमुख डॉ. मोहन भागवत होहिंहें शामिल

केशव कुंज’ के प्रवेश उत्सव कार्यक्रम
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्री केशव स्मारक समिति, दिल्ली के नवनिर्मित ‘केशव कुंज’ के प्रवेश समारोह आजु साँझ चार बजे संघ प्रमुख डा. मोहन भागवत आ संघ के सरकार्यवाह दत्तात्रेय होसबाले में मौजूद रहीहें.

महर्षि वेद व्यास प्रतिष्ठान पुणे के संस्थापक स्वामी गोविंददेव गिरी  महाराज आ उदासीन आश्रम आरामबाग दिल्ली के स्वामी राघवानंद जी महाराज के मौजूदगी में भाजपा के बहुते वरिष्ठ नेता शामिल होखीहें. चार एकड़ से अधिका क्षेत्र में पसरल ‘केशव कुंज’ में 12 मंजिला 3 टॉवर, करीब 300 कमरा अवुरी कार्यालय बनावल गईल बा। आधुनिक तकनीक के प्राचीन वास्तुकला के संगे जोड़ के इs नया परिसर बनावल गईल बा।

निर्माण में 150 करोड़ रुपया के लागत आईल

आधुनिक सभागार के साथे इहाँ पुस्तकालय, अस्पताल आ रेस्तरां के भी व्यवस्था बा। कार्यालय परिसर 3.75 एकड़ में बा। एकरा निर्माण में 150 करोड़ रुपया के लागत आईल जवन लगभग 75 हजार लोग के दान के माध्यम से जुटावल गईल।

इहो पढ़ीं: का शिल्पा शिरोडकर के बहिन नम्रता- महेश बाबू से चल रहल बा अनबन? एक्ट्रेस बतवली सच

इहां पs वर्ष 1939 से ही संघ के कार्यालय

बता दीं कि उक्त जगहा पs संघ के कार्यालय 1939 से बा। शुरू में ई एगो छोट कमरा में रहे। फेर साल 1962 में एगो कैंपस में आइल. राष्ट्रीय राजधानी में रहला के कारण एकर महत्व आ बिस्तार के जरूरत के देखत एकर नया निर्माण के प्रक्रिया साल 2016 में शुरू भइल। तब ले संघ के गतिविधि आरामबाग में स्थित उदासीन आश्रम से चलत रहे|

ई कार्यालय आधुनिक तकनीक से लैस बा


खास बात ई बा कि ई कार्यालय आधुनिक तकनीक आ पारंपरिक वास्तुकला के अद्भुत मिश्रण बा। तीनों टावर (जमीन आ 12 मंजिल) के नाँव साधना, प्रेरणा आ अर्चना रखल गइल बा जबकि एकरे सभसे बड़ सभागार में से एगो के नाँव विश्व हिन्दू परिषद के प्रमुख कार्यकर्ता अशोक सिंघल के नाँव पs रखल गइल बा जे राम मंदिर आंदोलन से जुड़ल रहलें।
संघ से जुड़ल साप्ताहिक पत्रिका पाञ्चजन्य आ आयोजक के साथे सुरुचि प्रकाशन आ इतिहास संघ के भी कार्यालय एही परिसर में होई। परिसर के पीछे खुला मैदान में संघ के संस्थापक सरसंघचालक डा. केशव राव बलिराम हेडगवार के लाइफ साइज के मूर्ति लगावल गइल बा जवना के सोझा नियमित शाखा बनावल जाई.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]