[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली सीएम के शपथ ग्रहण समारोह कल, कईयो रूट रहीं डायवर्ट, घर से निकलले से पहिले देख लीं गाइडलाइंस

दिल्ली सीएम के शपथ ग्रहण
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के मुख्यमंत्री के नाव आजु साँझ छह बजे तय हो जाई, ओकरा पहिले सीएम के शपथ ग्रहण समारोह के जगह आ तारीख आ समय तय हो गइल बा.  सीएम के शपथ ग्रहण काल्ह यानी 20 फरवरी के सबेरे 11 बजे रामलीला मैदान में होई।  सीएम के शपथ ग्रहण कार्यक्रम में आम आ खास लोग भाग लीहें. एह समारोह में 30 हजार से अधिका लोग के शामिल होखे के उमेद बा. एकरा के देखत दिल्ली पुलिस 20 फरवरी 2025 के मुख्यमंत्री के शपथ ग्रहण समारोह से पहिले ट्रैफिक गाइडलाइन जारी कईले बिया। रामलीला मैदान के ओर जाए वाली गाड़ियन के सुचारू रूप से आवागमन सुनिश्चित करे खातिर अउरी यातायात पs रोक लगा दिहल गइल बा।  अगर रउवा भी काल्ह उहाँ जा रहल बानी तs ट्रैफिक गाइडलाइन जरूर देख लीं।

दिल्ली में बनावल गइल डायवर्जन प्वाइंट


सुभाष पार्क टी-पॉइंट
राजघाट
दिल्ली गेट
आइटीओ
अजमेरी गेट
रणजीत सिंह फ्लाईओवर
भवभूति मार्ग – डीडीयू मार्ग रेड लाइट
झंडेवालां

कहां कहां रही प्रतिबंध

यातायात पुलिस के अनुसार, 20 फरवरी के सुबेरे 07:00 बजे से साँझ 04:00 बजे ले बीएसजेड मार्ग (आईटीओ से दिल्ली गेट), जेएलएन मार्ग (दिल्ली गेट से गुरु नानक चौक), अरुणा आसिफ अली रोड, मिंटो रोड से कमला मार्केट से हमदर्द चौक, रणजीत सिंह फ्लाईओवर से तुर्कमान गेट, अजमेरी गेट से कमला मार्केट सहित कई सड़क आ आसपास के क्षेत्र में यातायात प्रतिबंध रही.

दिशानिर्देश


सार्वजनिक परिवहन के इस्तेमाल करेला।
गाड़ी खाली निर्धारित पार्किंग क्षेत्र में ही पार्क करीं।
सड़क के किनारे पार्किंग से बचे के बा।
अगर रउरा कवनो असामान्य भा संदिग्ध वस्तु भा आदमी देखत बानी तs तुरते पुलिस के सूचित करीं.
नई दिल्ली रेलवे स्टेशन खातिर पहाड़गंज के ओर जाए वाला सड़क के इस्तेमाल करीं अवुरी अजमेरी गेट के ओर जाए से बची।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]