[the_ad_group id="30365"]

घना कोहरा के देखते UP Roadways के बड़ फैसला, रात 8 से सबेरे 8 बजे तक ना चली बस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UP News: उत्तर प्रदेश राज्य सड़क परिवहन निगम (UPSRTC) प्रदेश (Uttar Pradesh) में ना कोहरा के देखत एगो बड़ फैसला लेले बा। फैसला के मोताबिक रात 8 बजे से लेके सबेरे 8 बजे तक रोडवेज बसन के संचालन पs रोक लगा दिहल गइल बा।

बता दीं कि पिछला तीन दिन में प्रदेश के कइयन जिलन में भीषण सड़क हादसा भइल बा। एक दर्जन से जादे लोगन के मौत हो चुकल बा। सोमार के हापुड़ में एक संगे 12 वाहनन के टक्कर भइल रहे। एक्सप्रेस वे पs बसन के टक्कर भइल रहे।

बस अड्डन पs ई अधिकारी रही लोग तैनात

समाचार एजेंसी एएनआई के मोताबिक यूपीएसआरटीसी के से कहल गइल बा कि उत्तर प्रदेश राज्य सड़क परिवहन निगम (यूपीएसआरटीसी) के बस राज्य में कोहरा के इस्थिति के देखत रात 8 बजे से सबेरे 8 बजे तक (भा कोहरा साफ होखे तक) ना चली। कोहरा के इस्थिति पs नजर राखे खातिर बा क्षेत्रीय/सहायक क्षेत्रीय प्रबंधक रात 8 बजे से 12 बजे तक बस स्टेशनन पs तैनात रही लोग।

प्रदेश के सब डिपो खातिर जारी भइल आदेस 

राज्य परिवहन निगम के ओर से जारी सर्कुलर के मोताबिक प्रदेश में कोहरा के कारण हो रहल हादसन के देखत ई निर्णय लिहल गइल बा। रोडवेज विभाग के ओर से कहल गइल बा कि कोहरा के कारण रात में बसन के संचालन बंद कइल गइल बा। ई बेवस्था फिलहाल के देखत कइल गइल बा। आवे वाला दिनन में मौसम के देखते आगे के निर्णय लिहल जाई।

एके दिन में सात जिलन में भइल रहे हादसा

बता दीं कि अतवार आ सोमार के प्रदेश में भइल कइयन हादसन में 12 लोगन के मौत भइल रहे। जबकि 70 से बेसी लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। ई हादसा उत्तर प्रदेश के नोएडा, हापुड़, औरैया, मैनपुरी, कानपुर देहात, कन्नौज, उन्नाव आ कानपुर में भइल रहे। सब हादसन के पीछे के कारण घना कोहरा रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]