Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

घना कोहरा के देखते UP Roadways के बड़ फैसला, रात 8 से सबेरे 8 बजे तक ना चली बस

245

UP News: उत्तर प्रदेश राज्य सड़क परिवहन निगम (UPSRTC) प्रदेश (Uttar Pradesh) में ना कोहरा के देखत एगो बड़ फैसला लेले बा। फैसला के मोताबिक रात 8 बजे से लेके सबेरे 8 बजे तक रोडवेज बसन के संचालन पs रोक लगा दिहल गइल बा।

बता दीं कि पिछला तीन दिन में प्रदेश के कइयन जिलन में भीषण सड़क हादसा भइल बा। एक दर्जन से जादे लोगन के मौत हो चुकल बा। सोमार के हापुड़ में एक संगे 12 वाहनन के टक्कर भइल रहे। एक्सप्रेस वे पs बसन के टक्कर भइल रहे।

बस अड्डन पs ई अधिकारी रही लोग तैनात

समाचार एजेंसी एएनआई के मोताबिक यूपीएसआरटीसी के से कहल गइल बा कि उत्तर प्रदेश राज्य सड़क परिवहन निगम (यूपीएसआरटीसी) के बस राज्य में कोहरा के इस्थिति के देखत रात 8 बजे से सबेरे 8 बजे तक (भा कोहरा साफ होखे तक) ना चली। कोहरा के इस्थिति पs नजर राखे खातिर बा क्षेत्रीय/सहायक क्षेत्रीय प्रबंधक रात 8 बजे से 12 बजे तक बस स्टेशनन पs तैनात रही लोग।

प्रदेश के सब डिपो खातिर जारी भइल आदेस 

राज्य परिवहन निगम के ओर से जारी सर्कुलर के मोताबिक प्रदेश में कोहरा के कारण हो रहल हादसन के देखत ई निर्णय लिहल गइल बा। रोडवेज विभाग के ओर से कहल गइल बा कि कोहरा के कारण रात में बसन के संचालन बंद कइल गइल बा। ई बेवस्था फिलहाल के देखत कइल गइल बा। आवे वाला दिनन में मौसम के देखते आगे के निर्णय लिहल जाई।

एके दिन में सात जिलन में भइल रहे हादसा

बता दीं कि अतवार आ सोमार के प्रदेश में भइल कइयन हादसन में 12 लोगन के मौत भइल रहे। जबकि 70 से बेसी लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। ई हादसा उत्तर प्रदेश के नोएडा, हापुड़, औरैया, मैनपुरी, कानपुर देहात, कन्नौज, उन्नाव आ कानपुर में भइल रहे। सब हादसन के पीछे के कारण घना कोहरा रहे।

416330cookie-checkघना कोहरा के देखते UP Roadways के बड़ फैसला, रात 8 से सबेरे 8 बजे तक ना चली बस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.