[the_ad_group id="30365"]

कटारिया देहने रावण अउर सीता पs विवादित बयान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेता प्रतिपक्ष गुलाबचंद कटारिया के अब एगो अउर बयान चर्चा के विषय बन गइल बा। कटारिया  बोहेड़ा (चित्तोड़गढ़) के एक कार्यक्रम में कहने कि रावण सीता जी के अपहरण कs के कौनो बहुत बड़ गुनाह नाइ कइने काहेंसेकि ऊ ओनके छुअने नाइ। वल्लभनगर के पूर्व विधायक रणधीर सिंह भींडर एगो वीडियो जारी कs के एकर जानकारी देहने।

जौन वीडियो सामने आइल बा ओमें कटारिया बोल रहल बाने कि जौन कमी बा ओह कमी के जलावs। अपने में जौन दुर्गुण बा ओके जलावs। उनके जला के अच्छा आदमी बनले के कोशिश करs। वास्तव में रावण सही जरी। रावण कौनो बहुत बड़ पाप त नाइ कइले रहे। जौन सीता के ले गइल रहने, लेकिन कब्बो सीता के ऊ कलंकित नाइ कइनें। विचार करs, रावण ले जरुर गइल, लेकिन मनुहार करत रह गइल। जब ले ऊ स्वीकृति नाइ देहली तबले छुअबो नाइ कइलस।

एह पर भींडर कहने कि जब ऊ कहत बाने कि रावण कौनो गुनाह नाइ कइने त ऊ सम्पूर्ण रामायण के ग़लत साबित कs रहल बाने। जबकि भगवान राम के अवतरण  राक्षस रावण अउर ओकरे प्रवर्तियों को समाप्त करे खातिर भइल रहल। अइसन लगता बा कटारिया जी रावण के ही अनुयायी बाने। तब्बे त भगवान राम, महाराणा प्रताप अउर हमनी के इतिहास के कोस रहल बाने। अब हमें समझ में आवे लागल बा कि ऊ हिन्दू चाहे मेवाड़ी नाइ, श्रीलंका से आइल बाने। ओनके श्रीलंका भेज देवे के चाहीं ताकि अपने आदर्श पुरुष रावण से मिल सकें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]