लालू प्रसाद के मिलल जमानत: झारखंड हाई कोर्ट कहलस- 40 महीना जेल में गुजर चुकल बाड़े लालू

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 22, 2022

झारखंड हाई कोर्ट में जस्टिस अपरेश कुमार सिंह के अदालत में डोरंडा कोषागार से अवैध निकासी ममिला में अभियुक्त लालू प्रसाद यादव के जमानत याचिका पs सुनवाई भइल। झारखंड हाईकोर्ट लालू यादव के जमानत याचिका

Share

झारखंड हाई कोर्ट में जस्टिस अपरेश कुमार सिंह के अदालत में डोरंडा कोषागार से अवैध निकासी ममिला में अभियुक्त लालू प्रसाद यादव के जमानत याचिका पs सुनवाई भइल। झारखंड हाईकोर्ट लालू यादव के जमानत याचिका मंजूर कs लेले बा।

हाईकोर्ट लालू यादव के जमानत दे देले बा। एह ममिला से जुड़ल सब पक्षन के सुनला के बाद कोर्ट लालू यादव के जमानत दे देले बा। कोर्ट कहलस कि लालू प्रसाद यादव लगभग 40 महीना जेल में गुजरले बाड़े जवन आधा सजा 30 महीना से बेसी बा। हाईकोर्ट से बेल मिलला के बाद लालू यादव के बड़ राहत मिलल बा। अदालत जमानत खातिर ई शर्त रखले बा कि लालू यादव के CBI कोर्ट द्वारा सजा के समे तय कइल गइल जुर्माना के राशि 10 लाख कोर्ट में जमा करे बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.