Kashi Vishwanath: वैष्णो देवी के बाद अब विश्वनाथ धाम में QR कोड से मिली एंट्री, जानी- कब से शुरू होई ई व्यवस्था

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 7, 2024

Kashi Vishwanath Dham: श्री काशी विश्वनाथ धाम के डिजिटल करे के काम तेजी से हो रहल बा। अब मां वैष्णो देवी के जइसे विश्वनाथ मंदिरो में क्यूआर कोड से प्रवेश मिली। एकरा खातिर मंदिर में

Share

Kashi Vishwanath Dham: श्री काशी विश्वनाथ धाम के डिजिटल करे के काम तेजी से हो रहल बा। अब मां वैष्णो देवी के जइसे विश्वनाथ मंदिरो में क्यूआर कोड से प्रवेश मिली। एकरा खातिर मंदिर में आरएफआईडी मशीन लगावल जा चुकल बा।

मार्च के अंत ले ई व्यवस्था लागू कर दिहल जाई। पहिला चरण में अधिकारियन आ कर्मचारियन खातिर ई व्यवस्था लागू होई आ दूसरका चरण में सुगम दर्शन, वीआईपी दर्शन आ प्रोटोकॉल दर्शन वाला श्रद्धालुअन खातिर एकरा के शुरू कइल जाई।

क्यूआर कोड आधारित आरएफआईडी (रेडियो फ्रीक्वेंसी आइडेंटिफिकेशन) कार्ड से प्रवेश के ए व्यवस्था से भीड़ प्रबंधन के साथही सुगम दर्शन खातिर आवे वाला श्रद्धालुअनो के ढेर सहूलियत मिली। श्री काशी विश्वनाथ धाम के डिजिटल करे के काम तेजी से हो रहल बा। ए दिशा में धाम में प्रवेश खातिर आरएफआईडी कार्ड के व्यवस्था लागू करे के तइयारी बा।

मंदिर में आरएफआईडी मशीन लगावल जा चुकल बा। एकरा तहत श्री काशी विश्वनाथ के लोगो वाला परिचय पत्र मंदिर प्रशासन के ओर से जारी कइल जाई। परिचय पत्र पऽ लगाव क्यूआर कोड के स्कैन करते प्रवेश द्वार के दरवाजा खुदे ब खुदे खुल जाई। मुख्य कार्यपालक अधिकारी विश्वभूषण मिश्र बतवले कि आरएफआईडी मशीन मंदिर में लाग गइल बा। कार्ड जइसहीं आ जाई, एकर शुरुआत हो जाई।

डिजिटल रिकॉर्ड  होई सुरक्षित, मिली पूरा जानकारी

आरएफआईडी आधारित पंजीकरण से मंदिर परिसर में आवे वाला सब लोगन के डिजिटल रूप से रिकॉर्ड सुरक्षित राखल जा सकल जाई। एकरा साथहीं भीड़ प्रबंधन, टिकट के पहचान आ भक्तन पऽ नजर राखे में मदद मिली। आरएफआईडी कार्ड के 15 मीटर के दूरी से पढ़ा जा सकत बा आ ए कार्डन के कीमत खाली तीन रूपिया रहीं। आरएफआईडी आधारित कार्ड में कर्मचारियन आ श्रद्धालुअन के व्यक्तिगत जानकारी जइसे नाम, पता, संपर्क नंबर दर्ज होई आ उनका लोग के परिसर में प्रवेश करे के अनुमति मिल जाई । प्रवेश आ निकास बिंदुअन पऽ राखल गइल आरएफआईडी मशीन क्यूआर कोड के स्कैन करी।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.