Garry Kasparov: चेस के महान खिलाड़ी गैरी कास्परोव के रूस आतंकवादी घोषित कइलस, ना बतवलस कवनो वजह

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 7, 2024

शतरंज ग्रैंडमास्टर आ राजनीतिक कार्यकर्ता गैरी कास्परोव के रूस के वित्तीय निगरानी संस्था ‘आतंकवादियन आ चरमपंथियन’ के सूची में सामिल कइले बा। 60 वर्षीय पहिले विश्व शतरंज चैंपियन लमहर समय से राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन के

Share

शतरंज ग्रैंडमास्टर आ राजनीतिक कार्यकर्ता गैरी कास्परोव के रूस के वित्तीय निगरानी संस्था ‘आतंकवादियन आ चरमपंथियन’ के सूची में सामिल कइले बा। 60 वर्षीय पहिले विश्व शतरंज चैंपियन लमहर समय से राष्ट्रपति व्लादिमीर पुतिन के आलोचक रहल बा आ यूक्रेन में रूस के सैन्य हमला के लगातार निंदा करत रहल बा लो।

कवन-कवन दिक्कतन के करे के पड़ेला सामना

रूस के वित्तीय निगरानी एजेंसी रोसफिन बुध के गैरी कास्परोव के आपन अवांछित सूची में सामिल कs लेलस। आतंकी के सूची में सामिल लोगन के बैंक लेनदेन खातिर प्रतिबंधित कइल जाला आ उनका हर बेर अपना खातन के उपयोग करे खातिर अनुमति लेवे के आवश्यकता होला।

2014 में रूस से भाग गइल

कास्परोव उत्पीड़न के डर से 2014 में रूस से भाग गइल रहस। 2022 में रूसी न्याय मंत्रालय कास्परोव आ पूर्व तेल टाइकून मिखाइल खोडोरकोव्स्की के “बिदेसी एजेंटन” के सूची में रखले रहे। उनका के कठोर नौकरशाही आ वित्तीय रिपोर्टिंग के अधीन कइल गइल रहे।

अमेरिका में रह रहल बाड़ें कास्परोव

राइट्स ग्रुप के मोताबिक, ई लेबल क्रेमलिन कावर से अपना विरोधियन के दबावे खातिर इस्तेमाल कइल जाये वाला एगो हथियार बा। बिदेसी एजेंट’ शब्द के उपयोग ओह व्यक्तियन खातिर कइल जाला, जवना के ऊ राज्य के दुश्मन माने वाला। कास्परोव के व्यापक रूप से दुनिया के बेहतरीन शतरंज खिलाड़ियन में से एगो मानल जाला। ऊ राजनीति पs धेयान केंद्रित करे खातिर लगभग एक दशक तक संयुक्त राज्य अमेरिका में रह रहल बा।

यूक्रेन के कइले रहे समर्थन

पिछला साल फरवरी में कास्परोव पश्चिम से कीव खातिर आपन समर्थन बना के रखे के आग्रह कइले रहे। ऊ कहले रहस कि रूस में लोकतांत्रिक परिवर्तन ले आवे खातिर यूक्रेन के मास्को के हरावे के आवश्यकता बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.