आजु से काशी नेपाली संगम: 500 प्रबुद्ध जन लीहें हिस्सा, भारत के 22 अउर नेपाल के सात प्रदेश से पहुंचिहें लोग

Share

काशी नेपाली संगम अउर अंतरराष्ट्रीय सम्मेलन में भारत अउर नेपाल के सांस्कृतिक झलक देखे के मिली। राजनीतिक, व्यावसायिक, सांस्कृतिक अउर धार्मिक रिश्ता के कड़ी भी मजबूत होई। 24 से 26 दिसंबर ले पटेल धर्मशाला में देश भर के 22 राज्यन अउर नेपाल के सात राज्यन के 500 प्रबुद्ध जन अउर नेपाली समुदाय के लोग शामिल होइहें।

मीडिया प्रमुख प्रतिभा सिंह बतवलें कि काशी नेपाल संगम के मुख्य अतिथि भारत में नेपाल के राजदूत डॉ. शंकर प्रसाद शर्मा होइहें। साथही राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के इंद्रेश कुमार समेत कई प्रबुद्धजन लोग भी रहिहें।

तीन दिन के सत्र में योग, प्राणायाम, सांस्कृतिक महोत्सव, बैठक, काशी विश्वनाथ के दर्शन, सारनाथ अउर अन्य दर्शनीय स्थान के भ्रमण भी शामिल बा। समिति के महासचिव राजन कुमार सिंह बतवलें कि नेपाली संस्कृति परिषद समिति के ओर से हो रहल आयोजन से भारत अउर नेपाल के संबंधन के एगो नयका धार मिली। संगम के शुभारंभ सनीचर के साँझ के सांस्कृतिक कार्यक्रम से होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-