कुशीनगर: सिंगापुर यूनिवर्सिटी से आइल पर्यटक लोग के दल कइल भगवान बुद्ध के पूजा

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 23, 2022

कसया में सिंगापुर यूनिवर्सिटी से आइल पर्यटक लोग के 26 सदस्यीय दल बियफेको पर्यटन स्थली कुशीनगर में महापरिनिर्वाण मंदिर में विश्व शांति खातिर भगवान बुद्ध के लेटल प्रतिमा के पूजन दर्शन कर चीवर चढ़वलें। एकरे

Share

कसया में सिंगापुर यूनिवर्सिटी से आइल पर्यटक लोग के 26 सदस्यीय दल बियफेको पर्यटन स्थली कुशीनगर में महापरिनिर्वाण मंदिर में विश्व शांति खातिर भगवान बुद्ध के लेटल प्रतिमा के पूजन दर्शन कर चीवर चढ़वलें। एकरे बाद रामाभर स्तूप के भी दर्शन-पूजन कइलें। पर्यटक लोग के दल नेशनल यूनिवर्सिटी ऑफ सिंगापुर के 26 सदस्यीय टीम सेबस्टियन टान के नेतृत्व में लुंबिनी से कुशीनगर पहुंचल बा। एहमें इंजीनियर अउर प्रोफेसर सहित अन्य लोग शामिल बानें।
महापरिनिर्वाण मंदिर में गुरु इसली वोर्ले  पूजा अर्चना कर चीवर चढ़वलें। एकरे बाद लोग रामाभार स्तूप के भी दर्शन पूजन कइलें। नेशनल गाइड रूपक कुमार सिंह बतवलें कि प्रो. अउर छात्रन के टीम 19 से 28 दिसंबर तक विश्व दर्शन करी। इहां से लोग बिहान राजगीर खातिर रवाना होई। टीम लुंबिनी से कुशीनगर, राजगीर, वैशाली, बोधगया अउर सारनाथ सहित अन्य स्थान के दर्शन आगे बढ़ जाई। एह दौरान आंग घिम सिओंग, भेंट अशोक, भंतेनंद रतन सहित दूसर कई लोग मौजूद रहल।

Tags:

,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.