[the_ad_group id="30365"]

ना रहली ‘कांटा लगा गर्ल’: अभिनेत्री-मॉडल शेफाली जरीवाला के निधन, कार्डियक अरेस्ट से गइल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एंटरटेनमेंट डेस्क। बालीवुड इंडस्ट्री से एगो दुख से भरल खबर सामने आइल बा। मॉडल आ अभिनेत्री शेफाली जरीवाला के निधन हो गइल बा। कइयन मीडिया रिपोर्ट्स में उनका निधन के बारे में दावा कइल गइल बा। विरल भयानी के इंस्टाग्राम पोस्ट में शेफाली के निधन के जानकारी साझा कइल गइल बा। शेफाली मुंबई के अंधेरी लोखंडवाला इलाका में रहत रहली। अचानक रात 11 बजे के आस-पास उ छाती में दरद के शिकायत कइली। उनकर पति पराग त्यागी उनका के नजदीक के अस्पताल ले गइलें, जहां डॉक्टर इलाज सुरू करे से पहिलही उनका के मृत घोषित कs देले। शेफाली के मेकअप आर्टिस्ट उनका निधन के पुष्टि कइले बाड़े। उ बतवलें कि उनकर निधन हार्ट अटैक से भइल। ‘कांटा लगा गर्ल’ के नाम से मशहूर रहल शेफाली के उमिर 42 बरिस रहे। उ फिल्म ‘मुझसे शादी करोंगी’ में अक्षय कुमार आ सलमान खान के संगे काम कइले रहली।

तबियत खराब होखला पs हॉस्पिटल लेके पहुंचले पति पराग

वायरल बयानी विक्की ललवानी के पोस्ट के हवाला देत बतवलें कि शेफाली के उनकर पति आ तीन आउर लोग बेलेव्यू मल्टीस्पेशालिटी हॉस्पिटल लेके गइल। हॉस्पिटल के एगो स्टॉफ एह खबर के पुष्टि कइलस कि शेफाली के मौत हॉस्पिटल आवे से पहिलही हो चुकल रहे। एह हाॅस्पिटल के डॉ. लूला एह खबर के खंडन ना कइलें, एतनही कहलें कि उ कवनो मरीज के बारे में कवनो विवरण नइखन बता सकत। फेर ओहि हॉस्पिटल के डॉ. सुशांत बतवले आ खबर के पुष्टि कइले, उ कहलें, ‘हमनी के शव के पोस्टमार्टम खातिर कूपर हॉस्पिटल भेज रहल बाड़ें।’

बिग बॉस 13 में आइल रहली नजर

शेफाली जरीवाला के निधन के खबर से फैंस हैरान बा लो। शेफाली नचर्चित रियलिटी शो बिग बॉस 13 में हिस्सा लेले रहली। उ अपना डांस के लेके फैंस के बीच बहुते लोकप्रिय रहली।

Read Also: Political Parties : 345 पार्टियन के रजिस्ट्रेशन रद्द करी चुनाव आयोग, जानें काहे लेवे जा रहल बा एतना बड़ फैसला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]