[the_ad_group id="30365"]

OM Birla DM Controversy: ओम बिरला के संगे डिस्ट्रिक्ट मजिस्ट्रेट के बर्ताव पs विवाद, लोकसभा सचिवालय लिखलें चिट्ठी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

OM Birla DM Controversy: लोकसभा स्पीकर ओम बिरला कुछ दिन पहिले मसूरी दौरा पs गइल रहलें।अब ओहि दौरा के लेके विवाद सामने आइल बा, अइसन आरोप बा कि उनकरा डीएम साविन बंसल के सहजोग ना मिलल। कवनो मुद्दा के लेके उनका जरूरी जानकारी चाहत रहे, बाकिर उहां से कवनो जवाब ना आइल। एही वजह से अब विवाद बढ़ गइल बा आ उत्तराखंड सरकार डीएम से तुरंत स्पष्टीकरण मंगले बा।

पूरा विवाद का ह?

प्रोटोकॉल विभाग के सचिव विनोद कुमार सुमन डीएम के एगो पत्र लिखलें। ई पत्र एह खातिर लिखल गइल कि प्रोटोकॉल विभाग के जानकारी दिहल गइल कि डीएम लोकसभा स्पीकर के दौरा के दौरान नियमन के पालन ना कइलें, उनकरा जवन सहजोग चाहत रहे, उ ना मिलल। इहा तक दावा भइल कि डीएम लोकसभा स्पीकर ओमर बिरला के पद के सम्मान ना रखलें। अब एही आरोपन के बीचे डीएम से तुरंत सफाई मांगल गइल बा, उनका जवाब के इंतजार बा।

डीएम का बात ना मनलें?

लोक सचिवालय के चिट्ठी में ई बतावल गइल बा कि डीएम के कइयन बेर कॉल कइल गइल रहे, बाकिर उहां प्रोटोकॉल्स के पालन ना भइल, उ कॉल्स के रिसीव ना कइलें। बा में जब बिरला के ऑफिस सीधा सीएम ऑफिस से संपर्क सधलस, तब जाके डीएम के तरफ से स्पीकर के ऑफिस के कॉल कइल गइल। एहै ममिला में अभी ले डीएम के तरफ से कवनो सफाई पेश नइखे कइल गइल।

डीएम का कहलें?

डीएम एतना जरूर कहलें कि एह मुद्दा पs बातचीत हो चुकल बा, एहसे ढेर कुछ ना बता सकेनी। हालांकि, ई कवनो पहिला बेर नइखे जब कवनो डीएम के बर्ताव के लेके नाराजगी भइल होखे, एकरा पहिले कइयन गो दोसर मामिलन में अइसन देखे के मिल चुकल बा। सीजेआई गवई अपना महाराष्ट्र दौरा के दौरान नाराज भइल रs, तब कहल गइल रहे कि अधिकारी प्रोटोकॉल्स के पालन ना कइलें।

Read Also: IND vs ENG: एजबेस्टन में शतक लगावे वाला दूसरका भारतीय कप्तान हवे शुभमन, अजहरुद्दीन के संगे एह सूची में भइलें सामिल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]