[the_ad_group id="30365"]

UP: सीएम योगी बोललें- मोदी राज में किसानन में आइल खुसहाली, अब किसान आत्महत्या नइखे करत

UP News: सीएम योगी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि पिछला सरकारन के अकर्मण्यता के कारण कृषि के क्षेत्र में जवन विकास हो सकत रहे उ ना हो पाइल। एकरा चलते हमनी के किसान लाभ से वंचित रह गइल लो। योजना आपस में धन के बंदरबांट खातिर बनत रहे आ हमनी के किसान के कवनो लाभ ना मिल पावत रहे। 2014 में केंद्र में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अइला के बाद देस में समग्र विकास के जवन अवधारणा विकसित भइल बा। ओकरा से देस के हर वर्ग लाभान्वित हो रहल बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बुध के लखनऊ में गोरखपुर, कानपुर आ कन्नौज के डेयरी प्लांट्स आउर अंबेडकरनगर के पशु आहार निर्माणशाला के संचालन खातिर राष्ट्रीय डेयरी विकास बोर्ड आ उत्तर प्रदेश कोऑपरेटिव डेयरी फेडरेशन के मध्य एमओयू कार्यक्रम के संबोधित कs रहल बा।

उ कहलें कि समग्र विकास के परिणाम स्वरूप अब किसानन के जीवन में परिवर्तन आ रहल बा। अब अन्नदाता किसान खुसहाल बा लो। आत्महत्या नइखे करत बा लो। आज ओह लोगन के कृषि क्षेत्र से जुड़ल आउर सेक्टरन में बेहतर काम करे के मवका बा। प्रोत्साहन मिलत बा। तकनीक मिलत बा आ सरकार हर प्रकार से किसानन के सहजोग करे खातिर तत्परो रहेले।

Read Also:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]