Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CJI नियुक्त भइले जस्टिस यूयू ललित, तीन तलाक के असंवैधानिक घोषित करे के फसिला में रहले शामिल

न्यायमूर्ति ललित मौजूदा प्रधान न्यायाधीश न्यायमूर्ति एन. वी. रमण के सेवानिवृत्त होखला के एक दिन बाद 27 अगस्त के कार्यभार संभरिहे। न्यायमूर्ति ललित के सीजेआई के रूप में तीन महीना से कम के संक्षिप्त कार्यकाल होई आ ऊ एह साल आठ नवंबर के सेवानिवृत्त होइहे।

745

न्यायमूर्ति उदय उमेश ललित देश के दूसरका अइसन प्रधान न्यायाधीश होइहे जे बार से सीधे सुप्रीम कोर्ट के पीठ में पदोन्नत भइल रहले। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू द्वारा नियुक्ति वारंट पs हस्ताक्षर कइला के बाद न्यायमूर्ति ललित के बुध के भारत के 49वां प्रधान न्यायाधीश (सीजेआई) के रूप में नियुक्त कइल गइल। उनका से पहिले न्यायमूर्ति एसएम सीकरी मार्च 1964 में शीर्ष अदालत के पीठ में सीधे पदोन्नत होखे वाला पहिला वकील रहस। ऊ जनवरी 1971 में 13वां सीजेआई बनल रहले।

तीन महीना के संक्षिप्त कार्यकाल

न्यायमूर्ति ललित मौजूदा प्रधान न्यायाधीश न्यायमूर्ति एन. वी. रमण के सेवानिवृत्त होखला के एक दिन बाद 27 अगस्त के कार्यभार संभरिहें। न्यायमूर्ति ललित के  सीजेआई के रूप में तीन महीना से कम के संक्षिप्त कार्यकाल होई आ ऊ एह इस साल आठ नवंबर के सेवानिवृत्त होइहे। उच्चतम न्यायालय के न्यायाधीशन के सेवानिवृत्ति के आयु 65 बरिस बा। न्यायमूर्ति ललित के 13 अगस्त 2014 के उच्चतम न्यायालय के न्यायाधीश नियुक्त कइल गइल रहे। तब ऊ वरिष्ठ अधिवक्ता रहले।

तीन तलाक घोषित कइले असंवैधानिक

ऊ मुसलमानन में तीन तलाक के प्रथा के अवैध ठहरावे  समेत कइयन गो ऐतिहासिक फसिलन के हिस्सा रहल बाड़े। पांच न्यायाधीशन के संविधान पीठ अगस्त 2017 में 3 : 2 के बहुमत से ‘तीन तलाक’ के असंवैधानिक घोषित कs देले रहे। ओह तीन न्यायाधीशन में न्यायमूर्ति ललितो रहले। जनवरी 2019 में, ऊ अयोध्या में राजनीतिक रूप से संवेदनशील राम जन्मभूमि-बाबरी मस्जिद भूमि विवाद ममिला में सुनवाई से खुद के अलग कs लेले रहस।

कल्याण सिंह के वकील रहे थे यूयू ललित

ममिला में एगो मुस्लिम पक्षकार कर ओर से वरिष्ठ अधिवक्ता राजीव धवन संविधान पीठ के बतवले रहस कि न्यायमूर्ति ललित उत्तर प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री कल्याण सिंह के वकील के रूप में एगो संबंधित ममिला में साल 1997 में पेश भइल रहस। हाले में, न्यायमूर्ति ललित के अध्यक्षता वाला एगो पीठ ममिलन के सुनवाई खातिर शीर्ष अदालत के सामान्य समय से एक घंटा पहिले सबेरे 9.30 बजे बइठल रहे। न्यायमूर्ति ललित कहले, हमरा विचार से आदर्श रूप से हमनी के सबेरे नौ बजे बइठे के चाहीं। हम  हमेशा कहले बानी कि जदि हमनी के बच्चा सबेरे सात बजे स्कूल जा सकत बा, तs हमनी के नौ बजे काहे नइखी आ सकत। उनकर अध्यक्षता वाला पीठ यौन अपराधन  से बच्चन के संरक्षण (पॉक्सो) कानून के तहत एगो ममिला में बंबई उच्च न्यायालय के त्वचा से त्वचा के संपर्क संबंधी विवादित फसिला के खारिज कs देले रहे।

यौन हमला के सबसे महत्वपूर्ण कारण यौन मंशा

शीर्ष अदालत कहले रहे कि यौन हमलन के सबसे महत्वपूर्ण घटक यौन मंशा हs, बच्चन के त्वचा से त्वचा के संपर्क ना। 9 नवंबर, 1957 के जन्मल न्यायमूर्ति ललित जून 1983 में वकील बनले आ दिसंबर 1985 तक बंबई उच्च न्यायालय में वकालत कइले। ऊ जनवरी 1986 में दिल्ली आके वकालत करे लगले आ अप्रिल 2004 में, उनका के शीर्ष अदालत द्वारा वरिष्ठ अधिवक्ता नामित कइल गइल रहे। 2जी स्पेक्ट्रम आवंटन ममिला में सुनवाई खातिर उनका के केन्द्रीय अन्वेषण ब्यूरो (सीबीआई) के विशेष लोक अभियोजक नियुक्त कइल गइल रहे।

307840cookie-checkCJI नियुक्त भइले जस्टिस यूयू ललित, तीन तलाक के असंवैधानिक घोषित करे के फसिला में रहले शामिल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.