[the_ad_group id="30365"]

देश विरोधी वीडियो देखावे वाले सात भारतीय यूट्यूब चैनल ब्लॉक, 85 लाख रहलें सब्सक्राइबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत सरकार आईटी एक्ट 2021 के तहत सात भारतीय अउरी एक पाकिस्तानी यूट्यूब चैनल के ब्लॉक क देहलें बा। एह यूट्यूब चैनल के व्यूज 114 करोड़ से भी बेसी रहल अउरी सब्सक्राइबर्स के संख्या 85 लाख 73 हजार से भी बेसी रहल। एह चैनल पर विज्ञापनो आवत रहल।

एह चैनलन के कइल गइल ब्लॉक

Loktantra Tv- 23,72,27,331 व्यूज, 12.90 लाख सब्सक्राइबर
URV TV- 14,40,03291 व्यूज, 10.20 लाख सब्सक्राइबर
AM Razvi- 1,22,78,194 व्यूज, 95,900 सब्सक्राइबर
Gouravshall Pawan Mithilanchal- 15.99.32,594 व्यूज, 7 लाख सब्सक्राइबर
Sep TOpSTH- 24,83,64,997 व्यूज, 33.50 लाख सब्सक्राइबर
Sarkari Update- 70,11,723 व्यूज, 80,900 सब्सक्राइबर
Sab Kuch Dexho- 32,86,03,227 व्यूज, 19.40 लाख सब्सक्राइबर
News ki Dunva (पाकिस्तानी)-  61,69,439 व्यूज, 97,000 सब्सक्राइबर

बतावल जाता कि एसे पहिले पिछले महीना सूचना एवं प्रसारण मंत्री अनुराग ठाकुर कहले रहने कि सरकार बरिस 2021-22 के दौरान फेक न्यूज फइलवलें के आरोप में 94 यूट्यूब चैनलों पर प्रतिबंध लगवलें बा। एकरे सथही 19 सोशल मीडिया अकाउंट अउरी 747 यूआरएल के भी प्रतिबंधित कइल गइल बा। राज्यसभा में एक सवाल के जवाब देत ठाकुर कहलें कि ई कार्रवाई सूचना तकनीक एक्ट 2000 के धारा 69ए के तहत कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]