[the_ad_group id="30365"]

“सिसोदिया सिस्टर्स” श्रद्धा आ समृद्धि के “तिस्ता सम्मान” से नवाजल गइल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भोजपुरी के साफ सुथरा संस्कृति आ गीतन के लेके काम रहल आ नवहा पौध के अगुआ सिसोदिया सिस्टर्स के नाम से प्रसिद्ध दुनो बहिन श्रद्धा आ समृद्धि सिसोदिया के भोजपुरी के विकास आ संवर्धन खातिर काम कर रहल संस्था “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” के पांचवां वार्षिक महोत्सव में “तिस्ता सम्मान” से नवाजल गइल। वरिष्ठ लोकगायक उदय नारायण सिंह जी के हाथे श्रद्धा आ समृद्धि के एह पुरस्कार आ सम्मान से सम्मानित कइल गइल। एह मवका प दुनो बहिन के सॉल ओढ़ाके, सम्मान पत्र आ मोमेंटों दिहल गइल। एह दौरान दुनो गायिका लोग आपन प्रस्तुतियो दिहल लो।

 सिसोदिया सिस्टर्स के जानीं?

भोजपुरी के गीत-संगीत के दुनिया ओइसे त बहुते बड़ आ देस-दुनिया में फइलल बा, बाक़िर बात जब साफ सुथरा आ सांस्कृतिक पहलूअन के आगे बढ़ावे के होला त गिनल-चुनल नाव सोझा आवेला। ओहुमे नवहा पौध के बात कइल जाव त जवन नाव सबसे पहिले नजर के सोझा आ जुबान प आवेला उ नाव “सिसोदिया सिस्टर्स” के होला। बिहार के सिवान जिला के अजय सिंह सिसोदिया आ सुधा सिंह सिसोदिया के दुनो बेटी आज से ठीक छव साल पहिले जब गीत-संगीत सीखे के सुरू कइल लोग तब केहु के उम्मेद ना रहे कि एतना कम समय में ई लोग एह मुकाम प पहुंची लोग, बाकिर अपना लगन आ मेहनत के बल प आज हर भोजपरी प्रेमी के प्रभावित कर रहल बा लो।

वर्तमान में कोलकाता में रह रहल दुनों बहिन लोग के करियर के पहिला उड़ान तब मिलल रहे जब “आखर” द्वारा आयोजित एगो संगीत प्रतियोगिता में श्रद्धा के पहिला स्थान प्राप्त भइल रहे। अभी ले दुनो बहिन के ई जोड़ी कइयन गो मंचन के सोभा बढ़ा चुकल बा लो। दुनो बहिन एह सम्मान के आपन मेहनत, लगन आ संस्कृति के आगे बढ़ावे के कोसिसन के प्रतीक बतावल लो।

जानीं “तिस्ता सम्मान” के

भोजपुरी के गौरइया के नाव से मशहूर रहल दिवंगत लोकगायिका अनुभूति शांडिल्य “तिस्ता” के इयाद आ सम्मान में “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” संस्था द्वारा हर साल नवहा पीढ़ी के उभरत गायक-गायिका के दिहल जाला। मालूम होखें कि तिस्ता वीर कुँवर सिंह गाथा के कइयन गो मंचन प यादगार प्र्स्तुति देले रहली। बाकिर बहुते कम ऊमिर में उनकर आकस्मिक निधन हो गइल रहे, जवना से भोजपुरिया समाज के गहिराह छति पहुंचल रहे। उनका इयाद में जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के ई एगो बढ़िया डेग बा। एह सम्मान से नवहा पीढ़ी के मनोबल आ समाज के प्रति निम्मन करे के जज्बा में बढ़न्ती होला।

प्र्स्तुति देत श्रद्धा आ समृद्धि

 

जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के पाँचवां वार्षिक महोत्सव के भइल आयोजन

बीतल 2 नवंबर के गोपालगंज के भोरे प्रखंड के अमही मिश्र में भोजपुरी के विकास आ संवर्धन खातिर जानल मानल संस्था जय भोजपुरी जय भोजपुरिया के पांचवा वार्षिक महोत्सव के आयोजन भइल। एह आयोजन में देश-विदेश के कोना-कोना से लोग जुटल आ साहित्यिक आ सांस्कृतिक आयोजन के आनंद उठावल। बता दीं कि भोजपुरी के तिमाही ई पत्रिका “सृजन” एही संस्था के निरंतर प्रयास से निकलेला। एही आयोजन के दौरान सिसोदिया सिस्टर्स के एह “तिस्ता सम्मान” से सममानित कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]