[the_ad_group id="30365"]

जेपी नड्डा दिल्ली प्रदेश भाजपा के नया कार्यालय के कईले शिलान्यास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा शुक्रवार के सबेरे भूमि पूजन क के दिल्ली प्रदेश भाजपा के नयका कार्यालय के शिलान्यास कईले। एह मौका पs दिल्ली भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष वीरेंद्र सचदेव अपना पत्नी के संगे पूजा-अर्चना कईले।

विश्व हिन्दू परिषद से भाजपा राष्ट्रीय संगठन के महासचिव बी.एल.संतोष, बैजयंत जय पांडा, कैलाश विजयवर्गीय, दुष्यंत गौतम, आलोक कुमार, दीनदयाल उपाध्याय मार्ग, दिल्ली प्रदेश भाजपा के पॉकेट-5.. रामवीर सिंह बिधुरी, विजय गोएल, मनोज तिवारी, विजेंद्र गुप्ता, सतीश उपाध्याय, हर्ष मल्होत्रा, विष्णु मित्तल, वेदव्यास महाजन, संजय मयूख, बंसुरी स्वराज समेत कई गो अउरी भाजपा नेता मौजूद रहले।

नयका कार्यालय के शिलान्यास के बाद दिल्ली भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष वीरेंद्र सचदेव दिल्ली से शुरू भईल जनसंघ के यात्रा के जिक्र करत स्वर्गीय अरुण जेटली अवुरी स्वर्गीय सुषमा स्वराज समेत बहुत पुरान नेता के याद कईले।

सचदेव साल 2024 के लोकसभा चुनाव में फेर से दिल्ली के सातों लोकसभा सीट जीते के दावा कईले अवुरी 2025 के विधान सभा चुनाव में आम आदमी पार्टी के हरा के दिल्ली में सरकार बनावे के दावा भी कईले। दिल्ली भाजपा के अब स्थायी संबोधन मिल गइल बतावत उ कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के नेतृत्व में भाजपा के विस्तार देश भर में होखता अवुरी आजु राज्य भाजपा के कार्यालय 11 जिला में बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]