[the_ad_group id="30365"]

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह बोललें: 2024 में पहिले से जादे एनडीए के मिले वाला बा बहुमत, जनता के भरोसा PM के साथे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत सरकार के रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह महराजगंज में निजी दौरा पs पहुंचलें। ऊ केंद्रीय वित्त राज्य मंत्री पंकज चौधरी के पारिवारिक समारोह में हिस्सा लेलें। ऊ स्थानीय जनप्रतिनिधियन आ पार्टी के कार्यकर्ता लोगन से मुलाकातो कइलें।

रक्षा मंत्री पत्रकारन से बातचीत करत कहलें कि एमे कवनो दु राय नइखे कि भारत में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के प्रति जन सामान्य के विश्वसनीयता बढ़ल बा। देस के जनता के पीएम मोदी के नेतृत्व पs पूरा विश्वास बा। 2024 के लोकसभा चुनाव में भारतीय जनता पार्टी के नेतृत्व के एनडीए सरकार के खाली स्पष्ट बहुमते ना, बलुक पिछलको बेर बेसी सीटे भाजपा आ एनडीए के मिले वाला बा।

राहुल गांधी द्वारा बिदेसन में उठावल गइल सवालन के जवाब पs रक्षा मंत्री कहलें कि ई बहुते दुर्भाग्यपूर्ण बा, एह सच्चाई के केहू नकार नइखे सकत कि अंतरराष्ट्रीय जगत में भारत के प्रतिष्ठा बढ़ल बा। भारत के कद अंतरराष्ट्रीय जगत में ऊंच भइल बा। पहिले लोग भारत के बातन के ओतना गंभीरता से ना लेते रहे, जेतना गंभीरता पूर्वक एह समय लेवेला लो।

आज जदि अंतरराष्ट्रीय मंच पs भारत बोलेला, तs सारा दुनिया कान खोलके सुनेला कि भारत बोल काक रहल बा। राहुल गांधी अंतरराष्ट्रीय मंच पs भारत के छवि के धूमिल कर रहल बाड़ें, ई बहुते दुर्भाग्यपूर्ण बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]