Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Nagar Nikay Chunav: नगर निकाय चुनाव शांतिपूर्ण संपन्न, 55.29% भइल मतदान; एह जिला में भइल सबसे जादे वोटिंग

Bihar Nagar Nikay Chunav: मतदान में कुल 4625 इवीएम के उपयोग कइल गइल। मतदान के दौरान 11 बैलेट यूनिट आ सात कंट्रोल यूनिट बदले के पड़ल। चुनाव में कुल 4431प्रत्याशी चुनावी मैदान में रहे लो। स्वच्छ आ पारदर्शी मतदान खातिर सब बूथन से वेबकास्टिंग करावल गइल। 

1,186

राज्य के 60 नगर निकायन में चुनाव आ उपचुनाव शांतिपूर्ण तरीका से संपन्न हो गइल। कुल 55.29 प्रतिशत मतदाता अपना मताधिकार के प्रयोग कइल लो। मतदान में एक बेर फेर पुरुषन के 54.08 के तुलना में महिला लोग  56.64 प्रतिशत मतदान कइल।

अररिया में सबसे जादे मतदान

सबसे जादे 82.02 प्रतिशत मतदान अररिया जिला में भइल, जबकि सबसे कम 44.29 प्रतिशत मतदान पटना जिला में भइल। मतदान के दौरान रोहतास जिला के नगरपरिषद विक्रमगंज के वार्ड संख्या छह के बूथ नंबर 6(2) (प्राथमिक विद्यालय, धनरई (हिंदी) पूर्वी भाग) पs उप मुख्य पार्षद के क्रमांक 13 आ 14 के बटन बंद रहला के कारण मतदान रद्द कs दिहल गइल। उहां पs पुनर्मतदान 10 जून (सनीचर) के करावल जाई। सब नगर निकायन के मतगणना अतवार के होई।

राज्य निर्वाचन आयुक्त डॉ. दीपक प्रसाद ने बताया कि मतदान में कुल 4625 इवीएम के उपयोग कइल गइल। मतदान के दौरान 11 बैलेट यूनिट आ सात कंट्रोल यूनिट बदले के पड़ल। चुनाव में कुल 4431प्रत्याशी चुनावी मैदान में रहे लो। स्वच्छ आ पारदर्शी मतदान खातिर सब बूथन से वेबकास्टिंग करावल गइल। संगही मतदाता लोगन के फेशियल रिकोगनिशन सिस्टम से पहचान सुनिश्चित कइल गइल। मतदान के शांतिपूर्ण करावे खातिर 3321 पुलि स पदाधिकारी आ 12187 पुलिस बल के प्रतिनियुक्ति कइल गइल रहे।

विधि व्यवस्था स्थापित करे खातिर अबतक 250 गैर लाइसेंसी हथियार, 769 कारतूस, 560 अवैध वस्तु आ 193 गैर लाइसेंसी हथियार के फैक्ट्री के सीज कइल गइल। एह दौरान 29 लाइसेंसी हथियारन के लाइसेंस निरस्त कइल गइल। आदर्श आचार संहिता लागू होखला के बाद पुलिस आ उत्पाद विभाग द्वारा पांच लाख 70 हजार 602 लीटर अवैध शराब जब्त कइल गइल। 6080 अवैध शराब तइयार करे वाली भट्ठियन के जब्त कइल गइल।

जिलन द्वारा स्थापित कइल गइल चेकपोस्ट द्वारा वाहनन के जांच में तीन करोड़ छ लाख 76 हजार रुपिया जुर्माना वसूलल गइल। चुनाव में कुल 78375 भेद्य टोलन के पहचान कइल गइल आ 148 लोगन के चिह्नित कइल गइल। मतदान के लेके स्थापित कइल गइल कंट्रोल रूम में कुल आठ शिकायत प्राप्त भइल जवना के निष्पादन कs दिहल गइल।

जिलावार मतदान के प्रतिशत

अररिया (82), औरंगाबाद (49.43), बांका (64.81), भागलपुर (55.77), भोजपुर (65.52), बक्सर (58.59), दरभंगा (50.98), गया (40.97), गोपालगंज (58.04), जमुई (65.2), खगड़िया (57.19), किशनगंज (72.42), लखीसराय (60.71), मधुबनी (44.71), मुंगेर (59.89) मुजफ्फरपुर (72), नालंदा (58.53), नवादा (55.9), पश्चिम चंपारण (50.26), पटना (44.29), पूर्णिया (74.08), पूर्वी चंपारण (67.73), रोहतास (57.16), सहरसा (52.77), समस्तीपुर (48.67), सारण (53.02), शिवहर (62.2), सीतामढ़ी (60.95), सीवान (59.2), सुपौल (56.58) आ वैशाली (62.44) में मतदान भइल।

560420cookie-checkBihar Nagar Nikay Chunav: नगर निकाय चुनाव शांतिपूर्ण संपन्न, 55.29% भइल मतदान; एह जिला में भइल सबसे जादे वोटिंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.