[the_ad_group id="30365"]

पत्रकार के लेखनी से निष्पक्षता आ सृजनात्मकता के बोध होखे के चाहीं, समाज के आइना होला पत्रकार- प्रेमचंद्र मिश्रा 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज (देवरिया)/अखिलेश कुमार सिंह। बरहज नगरपालिका के सभागार में संगठन के तहसील इकाई के सदस्यन के परिचय पत्र वितरण के कार्यक्रम के सम्बोधित करत ग्रामीण पत्रकार एसोसिएशन के जिला महासचिव प्रेम चंद्र मिश्र कहलें कि आज के बदलत सामाजिक परिवेश में पत्रकारिता के सामने तमाम चुनौतियन के बीच पत्रकारन के समाज के आइना बने के जरूरत बा।

पत्रकार के लेखनी से निष्पक्षता आ सृजनात्मकता के बोध होखे के चाहीं। तहसील अध्यक्ष सिंहासन यादव कहलें कि उचित अवसर पs एह कार्ड के प्रयोग कइल जाए के चाहीं। जिला मंत्री श्रवण कुमार गुप्त, उपाध्यक्ष जेपी श्रीवास्तव आपन विचार संगठन हित में रखत बैठकन में शत प्रतिशत उपस्थिति के जरूरी बतवलें आ अगिला बैठक मई महीना में भलुअनी में करावे के बात कइलें।

एह मवका पs शत्रुघ्न सिंह, अरविंद सिंह, विशाल चौथे, जगदीश जायसवाल, विजेंद्र कुमार, रमेश यादव, अमरनाथ उपाध्याय आदि मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]