[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: मोहद्दीपुर ओवरब्रिज के समानांतर बनी एगो अउरी ब्रिज…जानीं का- का मिली सुविधा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एगो अउरी पुल मोहद्दीपुर ओवरब्रिज के समानांतर बनावल जाई। एकरा बनला के बाद ओवरब्रिज भी फोर लेन बन जाई। एहसे आवागमन खातिर अलगा लेन बन जाई. ब्रिज कॉरपोरेशन अब आपन सर्वेक्षण करावे के तइयारी में लागल बा। आसुरन से मोहद्दीपुर जाए वाला सड़क के फोर लेन बनावे के प्रस्ताव के मंत्रिमंडल से मंजूरी मिल गइल बा। 2275 मीटर लंबा एह फोर लेन के निर्माण में 278.89 करोड़ रुपिया के लागत आई। फोर लेन रोड आ नया ओवरब्रिज के निर्माण से पिपराइच होत देवरिया-कुशीनगर जाए वाला लोग के आसान हो जाई। एह लोग के जाम के सामना ना करे के पड़ी।

असुरन से मोहद्दीपुर ले फोर लेन बनला के बाद मोहद्दीपुर ओवरब्रिज पs जाम के समस्या खतम हो जाई, काहेंकी ओवरब्रिज से उतरला के बाद भी सड़क फोर लेन बा। एकरा के ध्यान में राखत अब नया ओवरब्रिज बनावे के तइयारी हो रहल बा. लोक निर्माण विभाग के अभियंता के मुताबिक फ्लाईओवर के निर्माण ब्रिज कारपोरेशन करी।

प्रस्ताव के मुताबिक पेड़ के मुआवजा खातीर वन विभाग के 2.57 करोड़ रुपिया के मुआवजा दिहल जाई अवुरी पोल, तार अवुरी पाइपलाइन के हटावे खातीर बिजली विभाग अवुरी जल निगम के करीब 33 करोड़ रुपिया दिहल जाई। सगरी औपचारिकता पूरा कइला के बाद निविदा प्रक्रिया सुरू कइल जाई।

पुल निगम के अधीक्षण अभियंता संतराज बतवले कि फोर लेन बनावे के बात पहिले भी होत रहे। उहाँ दू लेन के फ्लाईओवर बा। एकरा समानांतर दू लेन के एगो अउरी ओवरब्रिज बनावे के पड़ी। सरकारी निर्देश मिलते ब्रिज कारपोरेशन सर्वेक्षण के काम शुरू कs दिही।

लोक निर्माण विभाग असुरन से मोहद्दीपुर फ्लाईओवर ले फोरलेन बनाई। मंत्रिमंडल में मंजूरी मिल गइल बा। सरकार के ओर से आदेश अईते ही निर्माण से जुड़ल प्रक्रिया शुरू कs दिहल जाई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]