[the_ad_group id="30365"]

J&K: किश्तवाड़ में सेना के ध्रुव हेलीकॉप्टर दुर्घटनाग्रस्त, २ पायलट भइले घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

जम्मू कश्मीर के किश्तवाड़ जिला में सेना के हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा। एह हेलीकाप्टर में तीन लोग रहले। एह घटना में 2 लोग के घायल होखे के जानकारी सामने आ रहल बा।

जम्मू कश्मीर के किश्तवाड़ जिला में भारतीय सेना के हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गइल बा। एह हेलीकाप्टर में तीन लोग रहुवे जवना में से दू लोग घवाहिल होखे के खबर बा। अभी तक मिलल जानकारी के मुताबिक सेना के एएलएच ध्रुव हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गईल बा। एह हादसा में पायलटन के चोट लागल बा बाकिर कहल जात बा कि ऊ लोग सुरक्षित बा। सेना के अधिकारी एकर पुष्टि कईले बाड़े। रउरा सभे से निहोरा बा कि ई घटना किश्तवाड़ के मरवाह इलाका में भइल बा। पुलिस अधिकारी के मुताबिक हेलीकाप्टर दुर्घटना से जुड़ल प्रारंभिक जानकारी के पता चलल बा, लेकिन एकरा बारे में अवुरी जानकारी के इंतजार बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]