[the_ad_group id="30365"]

YouTuber Agastya Chauhan: पिता के बेटा के हिट एंड रन के आशंका, दोस्त आमिर बतवलस ई आखिरी पलन के कहानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टप्पल क्षेत्र के यमुना एक्सप्रेस वे प्वाइंट 47 पs बुध के हादसा में देहरादून के कनाट प्लेस निवासी यू-ट्यूबर अगस्ते चौहान के मौत हो गइल रहे। दोस्त आमिर माजिद पs कइयन लोग हिट एंड रन के आरोप लगवले बा। घटना के बाद आमिर के फोन बंद हो गइल। बाकिर, ऊ खुद अपना यू-ट्यूब चैनल पs लास्ट राइड के वीडियो डालके सफाई देले बा। कहले, हम मजाक कर रहल बाड़े कि आज 300-350 के पार पहुंचिहें। अगस्ते कहले रहे कि 400 पार करेम। बाकिर ओह दिन तेज हवा (विंड ब्लास्ट) रहे। हमारी स्पीड 300 तक ना पहुंची। दुर्घटना जब भइल, तब हम आगे निकल चुकल रहनी। लौटके आइल तs अगस्ते के अस्पताल ले जाइल जा चुकल रहे। बाइक के टायर फटल रहे।

आमिर हादसा वाला जगह के देखवलस 

आमिर वीडियो में ओह जगह के देखवलस, जहां हादसा भइल। आपन बाइको देखवलस। कहलें कि जदि हमार बाइक से टक्कर भइल होखत तs, कहीं टूटला के निशान होइत। वीडियो में आमिर रोवत रहे। बोलल, जे लोग अब श्रद्धांजलि देत रहे, ऊ कबो अगस्ते के परेसान करत रहे एल। अगस्ते बहुत अच्छा आ वफादार संघतिया रहे।

अब तक के जांच में जवन साक्ष्य मिलल रहे, ओसे ई सड़क दुर्घटना प्रतीत हो रहल बा। एगो कैमरा मिलल बा, जेमे 294 के स्पीड रिकार्ड भइल बा। सभे कम स्पीड में गाड़ी चलावे। कलानिधि नैथानी, एसएसपी अलीगढ़

अगस्ते के बाइक के चेन रहे ढीला

देहरादून से दिल्ली के सफर के अगस्ते अपना आखिरी वीडियो में साझा कइले रहस। एमे अगस्ते बतवले रहस कि बाइक के चेन ढीला हो गइल बा। इहो कहले रहस कि डी-हाइड्रेशन के वजह से चक्कर आ सकत बा। ऊ एगो दुकान पs रुकल रहलें। उहां चेन ठीक ना भइल। लॉको टूट गइल रहे।

80 किमी बाद रहे कट, एहिसे लेले यू-टर्न

पुलिस अगस्ते के कैमरा में मिलल वीडियो के जारी कइले बिया। एमे अगस्ते कहत लउक रहल बाड़ें कि आगे 80 किलोमीटर बाद कट बा। एहिसे टप्पल क्षेत्र से यू टर्न ले लेलें। वीडियो में कइयन बेर अगस्ते 200 से जादे रफ्तार पकड़लें। आमिर से कहतो लउकले कि आगे चल रहल कार बिना इंटीकेडर देले मुड़ रहल बिया। अइसन में सावधान होके चले के पड़ी।

पुलिस पिता के देलस अगस्ते के सामान

अगस्ते के पिता जितेंद्र सिंह चौहान हिट एंड रन के आशंका जतवले बाड़े। ऊ बतवलें कि हादसा वाला दिन ऊ अपना बेटी जाह्नवी के एयरपोर्ट छोड़े गइल रहस। ओकरा लंदन जाये के रहे। बाकिर हादसा के चलते बेटी जा ना सकल। अगस्ते के लगे तीन गो कैमरा रहे। पुलिस अगस्ते के डेढ़ लाख रुपिया के फोन, ओकर रुपिया, बाइक के कागजात देले बिया। नोएडा के एगो दोस्त फोन कs के बतवले बा कि अगस्ते के बैग ओकरा लगे बा, जेमे लैपटाप, टी शर्ट आ आउर सामान बा। अगस्ते के संगे रहल दोस्त ओकरा अंतिम संस्कार में ना आइल लो।

पिता पंजा लड़ावे के चैंपियन रहस 

जितेंद्र चौहान पेशा से बिल्डर हवे। ऊ आर्म्स रेसलिंग (पंजा लड़ाना) में राष्ट्रीय चैंपियन रहल बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]