[the_ad_group id="30365"]

अब प्रवर्तन निदेशालय के नाम पर आपसे नाइ होई फर्जीवाड़ा, जांच एजेंसी समन पर लगाई क्यूआर कोड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मनी लॉन्ड्रिंग जइसन गंभीर मामिला में समन जारी करे खातिर प्रवर्तन निदेशालय पुख्ता तंत्र विकसित कइले बा। एकरे तहत समन अब इलेक्ट्रॉनिक रूप से जेनरेट कइल जाई। एह समन पs यूनिक QR Code लगा होई जेके स्कैन कsके प्राप्त समन के वास्तविकता अउर प्रामाणिकता के सत्यापित कइल जा सकsता। जब स्कैन कइल जाsला, त क्यूआर कोड उनके ईडी के पोर्टल पर ले जाला, जहवाँ समन में उल्लिखित पासकोड दर्ज कsके समन के विवरण देखल जा सकsता।

जालसाजन पर नकेल कसले के तैयारी

बता देईं कि ईडी हाल ही में एक अंतर्राज्यीय गिरोह के भंडाफोड़ कइले बानें, जौन हाई प्रोफाइल व्यक्तियन अउर व्यवसायियन के जाली समन/नोटिस तैयार करत रहे अउर उनके धमकी देत रहे। गिरोह निप्पॉन पेंट्स के अध्यक्ष अउर निदेशक के जाली समन जारी कइलें, उनके दिल्ली ईडी कार्यालय में उपस्थित होखले अउर पीएमएलए के तहत कार्यवाही में भाग लेवे के निर्देश दिहलें।

फर्जीवाड़ा के संदेह होइतही कंपनी ईडी के दिहलें जानकारी

कंपनी के मालिक के जइसही फर्जीवाड़ा के संदेह भइल ओइसही ऊ एह मामिला के ईडी के संज्ञान में दिहलें, ऊ गिरोह से संपर्क कइलस अउर उनके बातचीत खातिर दिल्ली आवे के कहनें। कुछ हिचकिचाहट के बाद, गिरोह के सदस्य मान गइलें अउर ईडी आ दिल्ली पुलिस के एक टीम उनके किंगपिन अखिलेश मिश्रा सहित गिरफ्तार कs लिहलें। विज्ञप्ति में कहल गइल बा कि गिरफ्तार कइल गइल दूसर लोग में दर्शन हरीश जोशी भी मुंबई से बा अउर देवेंद्र दुबे भारत सरकार के स्टीकर वाली कार में ईडी अधिकारी बन के आइल रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]