[the_ad_group id="30365"]

झारखंड रोप-वे रेस्क्यू ऑपरेशन भइल पूरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के देवघर में त्रिकुट पर्वत पर रोप-वे हादसा के 45 घंटा बाद रेस्क्यू ऑपरेशन पूरा हो गइल। रोप-वे की ट्राली में फंसल 48 लोग में से 46 के बचा लेहल गइल बा। हादसा में कुल 4 लोग की मौत भइल बा अउर 12 से ज्यादा घायल बाने। रेस्क्यू के दौरान दूसरे दिन एगो महिला ट्रॉली से गिर गइली। ओकर मौत हो गइल। सोमवार के एगो युवक के हेलिकॉप्टर में चढ़ले के दौरान गिरले से जान चल गइल रहल।

मंगलवार के तीसरका दिन 7 घंटा के करीब ऑपरेशन चलल। एयरफोर्स अउर ITBP के जवान  हेलिकॉप्टर से 2500 फीट ऊंचाई पर पहुंचकर रोप-वे की तीन ट्राली में फंसल 15 लोग के निकाल लेहने। ऊंचाई अउर तेज हवा होखले के वजह से ई सबसे मुश्किल रेस्क्यू भइल। रेस्क्यू के दौरान एक जवान के पैर में चोट लग गइल।

एक दिन पहिले सोमवार के सेना, वायुसेना, ITBP अउर NDRF के टीम 12 घंटा ले रेस्क्यू ऑपरेशन चलवले रहल। एमें 33 लोग के तीन हेलिकॉप्टर अउर रसरी के सहारे बचावल गइल रहल। रेस्क्यू के दौरान सेफ्टी बेल्ट टूट गइले के कारण एगो आदमी के हेलिकॉप्टर से नीचे गिर के मौत हो गइल रहल। अंधेरा अउर कोहरा हो गइले के वजह से ऑपरेशन बंद कs देहल गइल रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]