[the_ad_group id="30365"]

झारखंड रोप-वे हादसा ऑपरेशन वायुसेना 22 श्रद्धालू लोग के निकललस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के देवघर में त्रिकुट पहाड़ के रोप-वे पर हादसा में 23 घंटा बादो 26 जिंदगी फंसल बा। एनके निकाले खातिर सेना, वायुसेना अउर NDRF मोर्चा सम्हरले बा। सोमवार दूपहर 12 बजे MI-17 हेलिकॉप्टर के मदद से दूबारा रेस्क्यू शुरू कइल गइल। अब ले 22 श्रद्धालु लोग के बचावल गइल बा। अब ले दू लोग के मौत हो गइल।

रविवार के साँझ 4 बजे हादसा तब भइल जब पहाड़ पर बनल मंदिर के तरफ एक साथ 26 ट्रॉली रवाना कइल गइल। जेसे तार पर अचानक लोड बढ़ल अउर रोलर टूट गइल। तीन ट्रॉली पहाड़ से टकरा गइने सब। एसे दू ट्रॉली नीचे गिर गइल। एमे सवार 12 लोग जख्मी हो गइल अउर दू लोग के मौत हो गइल। ओन्ने, बाकी ट्रॉली आपस में टकराकर रुक गइने सब। अभिन 18 ट्रॉली फंसल बाने सब, जेमें अब्बो 26 लोग सवार बा। एमें छोट बच्चे अउर महिला भी बाने।

 

रेस्क्यू ऑपरेशन में बेहद मुश्किल हो रहल बा

सेना के रेस्क्यू में भारी मुश्किल का सामना करे के पड़ रहल बा। दरअसल, ट्रॉली दू पहाड़न के बीच फंसी बाने सब। नीचे खाई बा। हेलिकॉप्टर के जइसही एकरे लग्गे ले जाइल जात बा, तेज हवा के वजह से ई हीले लागत बा। बहुत संभलकर एयरलिफ्ट कइल जा रहल बा। कुछ लोग के रस्सी के सहारे निकालल गइल।

हादसा में फंसल लोग की पहचान देवघर के अमित कुमार, खुशबू कुमारी, जया कुमारी, छठी लाल शाह, कर्तव्य राम, वीर कुमार, नमन, अभिषेक, भागलपुर के धीरज, कौशल्या देवी, अन्नु कुमारी, तनु कुमारी, डिंपल कुमार अउर वाहन चालक, मालदा के पुतुल शर्मा, सुधीर दत्ता, सौरव दास, नमिता, विनय दास के रूप में कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]