[the_ad_group id="30365"]

Jharkhand: राजधानी रांची में फेर से हिंसा फइलावे के साजिश! महिला लो के ढाल बना सकत बाड़े उपद्रवी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के राजधानी रांची में एक बेर फेर से हिंसा फइलावे के साजिश रचल जा रहल बा, बाकिर खुफिया रिपोर्ट मिलते पुलिस अधिकारी सतर्क हो गइल बा लो। कइयन संवेदनशील इलाकन के सील करत धारा 144 लागू कs दिहल गइल बा। मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक उपद्रवी अबकि बेर महिला लो के ढाल बनाके हिंसा फइलावे के साजिश रचल जाता रहे। हालांकि अब पुलिस प्रशासन सतर्कता बरत रहल बा।

खुफिया विभाग के रिपोर्ट में महिला लो के जिकिर
खुफिया विभाग के मोताबिक कुछ लोग रांची में सुक 17 जून भा ओकरा पहिले एगो आउर जुलूस निकाले के तइयारी मे बा लो। जुलूस में खाली महिला शामिल रह सकत बा लो। जुमा के नमाज के बाद प्रदर्शन के आशंका बा। खुफिया विभाग एसे जुड़ल रिपोर्ट रांची डीसी छवि रंजन के देले बा।

धनबाद में नाबालिग के लिहल गइल हिरासत में

सोशल मीडिया पs आपत्तिजनक पोस्ट कइला के आरोप में दु गो नाबालिगन के झारखंड के धनबाद से हिरासत में लिया गइल बा। पुलिस अधिकारी बतावल लो, नाबालिगन द्वारा सोशल मीडिया पs कइल गइल पोस्ट के बाद कुमारधुबी में तनाव के इस्थिति उत्पन्न हो गइल। एकरा बाद दुनों के हिरासत में लेके पूछताछ कइल गइल।

हिंदपीढ़ी क्षेत्र अतिसंवेदनशील

खुफिया विभाग के रिपोर्ट सामने अइला के बाद पुलिस अधिकारी लो जुलूस के संभावित रास्तन पs बैरिकेडिंग आ वाटर कैनन के बेवस्था करे के निरदेस दिहल गइल बा। डीसी के निरदेस के बाद हिंदपीढ़ी के सभ इंट्री प्वाइंटन पs बैरिकेडिंग कs दिहल गइल बा।

10 जून के रांची में भइल रहे हिंसा

भाजपा के निलंबित प्रवक्ता नुपुर शर्मा के द्वारा पैगंबर मोहम्मद के खिलाफ विवादास्पद टिप्पणी के बाद झारखंड के राजधानी रांची समेत अलग-अलग हिस्सन में सुक 10 जून के हिंसा भइल रहे। एह दौरान जमके पत्थरबाजी, आगजनी आ तोड़फोड़ के घटना भइल रहे। हालात के देखत प्रशासन कर्फ्यू लगवला के संगही 11 जून के सुबह 6 बजे तक रांची में सब इंटरनेट सेवा के अस्थायी रूप से सस्पेंड कs देले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]