Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सेना बहाली खातिर ‘अग्नीपथ’ योजना के खिलाफ विरोध शुरू

कई राज्य में भयंकर प्रदर्शन

193

केंद्र सरकार के ओर से सेना बहाली खाती अग्नीपथ योजना के घोषणा के विरोध तेज हो गईल बा। बिहार, उत्तर प्रदेश, राजस्थान समेत कई राज्य के युवा सड़क प निकलल बाड़े। केंद्र सरकार के खिलाफ छात्र कड़ा विरोध करतारे। सड़क से लेके रेलवे ट्रक तक छात्र उग्रता से प्रदर्शन करतारे।

बिहार के जहानाबाद अवुरी नवादा में लगातार दूसरा दिन युवा प्रदर्शनकारी सड़क प उतरल बाड़े। छात्र मोदी सरकार के खिलाफ नारा लगवले अवुरी ट्रेन के निशाना भी लगवले। बतावल जाता कि नाराजगी से छात्र बहुत स्टेशन प ट्रेन रोक देले बाड़े। एतने ना, कई जगह हाईवे प टायर भी जर गईल बा, जवना के चलते यातायात व्यवस्था बाधित हो गईल बा।

ध्यान देवे वाला बात बा कि सोमवार (13 जून) के रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह सशस्त्र सेना में 4 साल के नौकरी खाती अग्निपथ भर्ती योजना के घोषणा कईले। एकरा तहत 90 दिन के भीतर करीब 46 हजार बहाली करे के बा। बतावल गइल बा कि ई बहाली देश के सगरी 773 जिला से होखी. लेकिन बहुत युवा एकरा से खुश नईखन। कहल जा रहल बा कि एकरा चलते पछिला दु साल में भईल परीक्षा के कवनो औचित्य नईखे, काहेंकी बतावल गईल रहे कि उ बहाली भी ए कार्यक्रम के तहत होई।

प्रदर्शन करेवाला युवक के कहनाम बा कि शारीरिक रूप से फिट होखला के बावजूद सेना दु साल से ए लोग के बहाली नाइ कईला से निराश बाड़े। एही बीच सरकार एगो नाया योजना बना के आईल बिया।

परीक्षा देला के बाद रिजल्ट के इंतजार करेवाला बहुत छात्र सरकार के ए फैसला से नाराज बाड़े। ए लोग के नाराजगी सड़क के संगे-संगे सोशल मीडिया प भी देखाई देता। इ लोग के कहनाम बा कि अनुबंध खतम होखला के बाद 25 प्रतिशत अग्निवीर के स्थायी कार्यकर्ता में शामिल कईल जाई, लेकिन चार साल बाद बाकी 75 प्रतिशत अग्निवीर के का होई? सरकार ए लोग के भत्ता दिही, लेकिन काम कहाँ से आई?

युवा अवुरी विपक्षी दल के मुख्य चिंता इ बा कि चार साल बाद ‘अग्निवीर’ के का होई? अयीसन चिंता के बीच गृह मंत्रालय काल्ह घोषणा कईले रहे कि ए योजना के तहत 4 साल पूरा करेवाला अग्निवीर के सीएपीएफ अवुरी असम राइफल में बहाली में प्राथमिकता दिहल जाई। एकरा बाद राज्य सरकार भी अलग अलग घोषणा कईलस|

अग्निपथ योजना का ह ?

भारतीय सेना में पहिला बेर अयीसन योजना शुरू भईल बा, जवना में जवान के अल्पकालिक बहाली कईल जाई। ए योजना के तहत हर साल करीब 40 से 45 हजार युवक के सेना में शामिल कईल जाई। एह नवहियन के उमिर साढ़े 17 साल से 21 साल का बीच होखी. ई बहाली मेरिट आ मेडिकल टेस्ट का आधार पर कइल जाई. एह चार साल में जवानन के 6 महीना के बेसिक मिलिट्री ट्रेनिंग दिहल जाई. 30 से 40 हजार महीना के वेतन के संगे-संगे अवुरी लाभ भी दिहल जाई। पहिला साल में 30 हजार, दूसरा साल में 33 हजार, तीसरा साल में 36500 अवुरी चउथा साल में 40 हजार। चार साल पूरा भइला का बाद एह सगरी अग्निवीरन के सेवा समाप्त हो जाई आ ओकरा बाद नया बहाली कइल जाई. आपन सेवा पूरा करे वाला अग्निवीर में से 25% लोग के स्थायी कार्यकर्ता में बहाली कईल जाई।

274150cookie-checkसेना बहाली खातिर ‘अग्नीपथ’ योजना के खिलाफ विरोध शुरू

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.