[the_ad_group id="30365"]

नुपुर शर्मा के जीभ काटला प एक करोड़ के इनाम देवेवाला नवाब सतपाल तंवर पs दर्ज भइल FIR

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इस्लाम के पैगम्बर मुहम्मद प भईल कथित विवादित टिप्पणी के मामला में भीम सेना के प्रमुख नवाब सतपाल तंवर भाजपा के पूर्व प्रवक्ता नूपुर शर्मा के एक के बाद एक धमकी देले बाड़े।

सतपाल बुध का दिने (८ जून २०२२) नूपुर शर्मा के जीभ काटे वाला आदमी के एक करोड़ रुपिया के इनाम देबे के एलान कइलन. एकरा से पहिले भाजपा नेता रहल प निंदा के आरोप लगावत उ नुपुर शर्मा के सभके सोझा ‘मुजरा’ करावे खाती आपत्तिजनक अवुरी नारी विरोधी बयान देले रहले।

तंवर अपना बयान में कहले कि, भाजपा के नूपुर शर्मा नबी के निंदा कईले बाड़े। देश में रहे वाला करोड़ों मुसलमानन के नूपुर शर्मा चोट पहुंचवले बाड़े। उ पूरा दुनिया में देश अवुरी पैगम्बर मुहम्मद के अपमान कईले बाड़े। उ माफी के हकदार नईखन, उ फांसी के हकदार बाड़े।”

आईं बताईं कि भीम आर्मी चीफ सतपाल तंवर नुपुर शर्मा के जीभ उतारे वाला के एक करोड़ रुपिया के इनाम देबे के एलान कइले रहले. एकरा संगे-संगे सूरत के सड़क प भी नुपुर शर्मा के अयीसन पम्पलेट मिलल, जवना प उनुका चेहरा प जूता अवुरी क्रॉस के निशान बनावल गईल बा।

सतपाल तंवर बुधवार के कहले रहले कि, ‘नूपुर शर्मा पूरा दुनिया के भारतीय के अपमान करतारे। उ भाजपा अवरू संघ के इशारा प काम कर रहल बाड़ी। मोदी सरकार अवुरी योगी सरकार तुरंत उनुका के गिरफ्तार क जेल में डाल देवे, लेकिन उनुका खिलाफ कवनो कानूनी कार्रवाई नईखे होखत।”

भीम आर्मी चीफ, उ नूपुर शर्मा के खिलाफ ट्वीट क कहले रहले कि उनुका सोझा उनुका से मुजरा करावा दिहे। एतने ना, कानपुर में भईल हिंसा में मुस्लिम दंगाई के बचाव करत सतपाल ए घटना के मास्टरमाइंड नुपुर शर्मा प आरोप लगवले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]