[the_ad_group id="30365"]

Hemant Soren: लाभ के पद ममिला में राज्यपाल मंगले एगो आउर राय, कहलें- झारखंड में कबो फाट सकत बा ‘एटम बम’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के राज्यपाल रमेश बैस कहलें कि ऊ मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन से जुड़ल लाभ के पद ममिला में एगो आउर राय मंगले बाड़े। अपना गृह जिला रायपुर में मवजूद बैस बुध के दावा कइलें कि झारखंड में कबहूं ‘एटम बम’ फाट सकत बा।

रमेश बैस से जब पूछल गइल कि सोरेन सरकार के सहयोगी उनका प सरकार के अस्थिर करे के साजिश में शामिल होखे के आरोप लगवले बा लो। एहपर ऊ कहले कि जदि हमार सरकार के अस्थिर करे के मंशा होखत बा त हम चुनाव आयोग के जवन सिफारिश आइल बा, ओकरा आधार प निर्णय ले सकत रहनी, बाकिर हम बदला के भावना भा केहू के बदनाम करे खातिर कवनो कार्रवाई कइल नइखीं चाहत। एहिसे हम ‘एगो आउर राय’ मंगले बाड़े। हालांकि, ऊ चुनाव आयोग के सिफारिश के बारे में विस्तृत जानकारी ना देलें आ ना इहे स्पष्ट कइलें कि दूसरका राय केकरा से मांगल गइल बा।

लाभ के पद ममिला में सोरेन के विधानसभा सदस्यता से अयोग्य ठहरावे के भाजपा के याचिका के बाद चुनाव आयोग 25 अगस्त के राज्यपाल के आपन फसिला भेजले रहे। हालांकि फसीला सार्वजनिक नइखे कइल गइल, बाकिर चरचा बा कि आयोग मुख्यमंत्री के अयोग्य ठहरावे की सिफारिश कइलें बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]