[the_ad_group id="30365"]

औरंगाबाद में अगलगी के दौरान फाटल सिलेंडर, बुझावे में 7 पुलिसकर्मियन सहित 3 दर्जन लोग झुलसल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

औरंगाबाद। जिला से एगो बड़ खबर आ रहल बा। शहर के वार्ड 24 साहगंज (तेली मुहल्ला) मुहल्ला में सनीचर के होत फजीरे अनिल गोस्वामी नाम के बेवसाई के घर में आग लाग गइल, जवना के बुझावे के चक्कर मे सात पुलिसकर्मी सहित तीन दर्जन लोग झुलस गइल।

छठ प्रसाद बनावे के दौरान हादसा

घटना के संबंध में बतावल जा रहल बा कि जिला के साहगंज निवासी अनिल गोस्वामी के घर में छठ पर्व होत रहे। परिवार के सब सदस्य प्रसाद बनावे में जुटल रहे लो। तबे अचानक गैस रिसला से आग लाग गइल। जवना के बाद मुहल्ला में भगदड़ मच गइल। मुहल्ला के लोग आग बुझावे में जुट गइल, बाकिर आग के लपट तेज रहे। मुहल्ला वालन द्वारा नगर थाना के पुलिस आ दमकल के टीम के सूचना दिहल गइल।

आग बुझावे पुलिस आ दमकल के टीम पहुंचल

सूचना मिलतही घटनास्थल प पहुंचल पुलिस आ दमकल के टीम आग बुझावे में लाग गइल। अचानके घर में गैस सिलेंडर ब्लास्ट हो गइल, जेमे करीब 30 से बेसी लोग झुलस के गंभीर रूप से घायल हो गइल। घटना के बाद आनन फानन में सब घायलन के इलाज खातिर सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जहां चिकित्सकन द्वारा कई लोगन के रेफर कर दिहल गइल।

तीन दर्जन लोग झुलसल

घायल पुकिसकर्मियन में महिला सिपाही प्रीति कुमारी, डीएपी अखिलेश कुमार, जगलाल प्रसाद, सैफ जवान मुकुंद राव, जगलाल प्रसाद, ड्राइवर मो० मोज्ज्म आ साहगंज मुहल्ला के नगर परिषद अध्यक्ष पद प्रत्याशी अनिल ओड़िया, राजीव कुमार, मो शाब्दिर, मो असलम, सुदर्शन, अरियन गोस्वामी, मो छोटू आलम, अनिल कुमार, शाहनवाज सहित तीन दर्जन लोग घायल हो गइल। 20 लोगन के हालत गंभीर बतावल जा रहल बा।

सिलेंडर विस्फोट के बात सामने आ रहल बा

गृहस्वामी अनिल गोस्वामी बतवले कि घर मे छठ पर्व होत रहे। सब परिवार प्रसाद बनाने में जुटल रहे लो तबे गैस रिसे लागल आ आग पकड़ लेलस। ओहिजा, घटना में सिलेंडर विस्फोट होखलो के चरचा बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]