[the_ad_group id="30365"]

सीएम सोरेन के भविष्य पs फैसला हो सकsला आजु! राज्यपाल चुनाव आयोग के भेज सकेने सिफारिश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

झारखंड के मुख्यमंत्री हेमंत सोरेन के भविष्य पर फैसला आजु हो सकsला। बतावल जा रहल बा कि राज्यपाल सोरेन के विधायकी पर आपन सिफारिश चुनाव आयोग के शनिचर के भेज दीहें। एसे पहिले सुक्क के साँझ के एक मीडिया रिपोर्ट में एह बात के दावा कइल गइल कि सोरेन के चुनाव आयोग विधायक पद से अयोग्य ठहरा देहलें बा। हालांकि, उनके चुनाव लड़ले पर रोक नाइ लगावल गइल बा।

एही बीच सीएम सोरेन एगो ट्वीट कइलें बानें। एहमें उ आपन तस्वीर शेयर करत कहलें, “ई आदिवासी के बेटा ह। इनकर चाल से हमनीके रास्ता न कब्बो रुकल बा, न हम लोग कबो एह लोगन से डेराइल बानीं जा। हमनीके पूर्वज बहुत पहिलही हमनीके मन से डर-भय के निकाल देहलें बानें लोग। हम आदिवासियन के डीएनए में डर अउर भय खातिर कौनो जगह नाइ बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]