Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

‘राउआ भारत के नंबर-1 मत बनाईं, मोदीजी पहिले से बना रहल बानें’, एह दू राज्य के सीएम के बीच जुबानी जंग तेज

822

असम के सीएम हिमंत बिस्व सरमा अउरी दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के बीच ट्विटर पर जुबानी जंग तेज होत जा रहल बा। केजरीवाल के एह दावा कि हम भारत के नंबर-1 बना रहल बानीं, पs सरमा पलटवार कइलें बानें। सरमा केजरीवाल से कहलें, ‘रउआ भारत को नंबर-1 मत बनाई, मोदी जी पहिले से ई काम कs रहल बानें।’

आप अउरी भाजपा के बीच दिल्ली के शराब नीति के ले के पहिले से जंग छिड़ल बा। वहीं, सरमा की पत्नी पर पीपीई किट घोटाले के दिल्ली के डिप्टी सीएम मनीष सिसोदिया के आरोपों से भी असम के सीएम खफा है। वे सिसोदिया के खिलाफ मानहानि केस दायर कर चुके हैं।

सरमा v/s केजरीवाल: अइसे शुरू भइल जुबानी जंग

दरअसल, दूनों सीएम के बीच जुबानी जंग के शुरुआत असम सरकार के स्कूल संबंधी फैसलन के लेके भइल।
असम सरकार फैसला कइलस कि जौने स्कूलों के कक्षा 10 वीं के बच्चे फेल हो गइल बानें, ओ सभन के बंद कइल जाई।
एह पर केजरीवाल ने ट्वीट क के कहले रहनें कि स्कूल बंद कइल समस्या के समाधान नाइ ह।
एकरे जवाब में असम के सीएम सरमा ओ स्कूलन के सूची जारी कइलें जौन उनके शिक्षा मंत्री के कार्यकाल के दौरान खोलल गइल रहे।
एकरे बाद केजरीवाल जवाब देहलें कि उनकर इरादा असम सरकार के आलोचना कइल नाइ रहल। उ कहलें कि ऊ असम सरकार के निम्मन काम देखे खातिर राज्य के दौरा करिहें। भारत तब्बे नंबर-1 बनी, जब हमनीके एक दुसरा से सीखल जाई। एकरे सथही केजरीवाल अपने ‘मेक इंडिया नंबर-1’ अभियान के भी जिक्र कइलें

असम दिल्ली से 50 गुना बड़ बा: सरमा

एकरे जवाब में सरमा ट्वीट कइलें, ‘डियर केजरीवाल जी, राउर अज्ञानता पीड़ादायक बा। हम रउआ के बतावत बानीं। असम दिल्ली से 50 गुना बड़ बा। इहाँ 44,521 सरकारी स्कूल में 65 लाख बच्चे पढ़ेने। जबकि दिल्ली में 1000 से कुछ ज्यादा स्कूल बा। हमरे लग्गे दू लाख शिक्षकन के समर्पित सेना बा। 1.18 लाख मिड डे मील वर्कर बानें। इहाँ के चुनौतियन के रउआ देखब त प्रवचन देहल भूला जाएब। असम बाढ़, आतंकवाद जइसन चुनौतियन के सामना करsला। इहाँ दिल्ली जइसन संसाधन नाइ बा। जब रउआ असम आएब त हम अपने मेडिकल कॉलेज ले जाएब। ई रउआ मोहल्ला क्लिनिक से बेहतर बा। हम रउआ के हमरे होनहार विद्यार्थियन अउर शिक्षकन से भी मिलवाएब।

314240cookie-check‘राउआ भारत के नंबर-1 मत बनाईं, मोदीजी पहिले से बना रहल बानें’, एह दू राज्य के सीएम के बीच जुबानी जंग तेज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.