[the_ad_group id="30365"]

कांग्रेस में अब्बो जारी बा राहुल गांधी के अध्यक्ष बनवलें के कवायद, खड़गे बोलले- हमनीके उनके मजबूर कइल जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुलाम नबी आजाद भलही राहुल गांधी पs करारा निशाना सधलें होखें लेकिन कांग्रेस में राहुल गांधी के अध्यक्ष बनवलें के चाहत कम हखे के नाव नाइ ले रहल बा। पार्टी के वरिष्ठ नेता मल्लिकार्जुन खड़गे कहले बाड़ें कि हम राहुल गांधी के अध्यक्ष बने खातिर मनाएब, काहेसेकि उनके अलावा पार्टी के कौनो नेता के देशभर में स्वीकारोक्ति नाइ बा।

राज्यसभा में कांग्रेस नेता खड़गे कहलें कि जे भी नेता पार्टी के नेतृत्व कइलें के इच्छुक होखे, ओकर देशभर में पहचान होखे के चाहीं। अइसन नेता के कश्मीर से कन्याकुमारी तक ले अउरी बंगाल से गुजरात ले समर्थन होखे के चाहीं। ओनकर निम्मन मान्यता होखे के चाहीं अउरी पूरा पार्टी में स्वीकारोक्ति होखे के चाहीं।

खड़गे याद दियवलें कि कांग्रेस के सगरी वरिष्ठ नेता लोग कइसे सोनिया गांधी के एकजुट हो के अध्यक्ष बने खातिर मनवलें रहे। नया अध्यक्ष के सवाल पर खड़गे कहलें कि हमके राहुल गांधी के अलावा कौनो विकल्प बताईं।

का राहुल गांधी नाइ बानें अध्यक्ष बने के तइयार ?

एह सवाल कि राहुल गांधी पद संभाले खातिर तैयार नइखें? खड़गे कहलें कि उनसे निहोरा कइल जाई अउर उनके पार्टी के खातिर, देश के खातिर, आरएसएस-भाजपा से मिलकर लड़े अउरी देश के बनावे रखे खातिर कार्यभार संभाले खातिर कहल जाई।

खड़गे पार्टी के आगामी ‘भारत जोड़ो यात्रा’ के भी जिक्र कइलें अउरी कहलें कि देश के जोड़े खातिर राहुल गांधी के जरूरत बा। पूर्व केंद्रीय मंत्री खड़गे कहलें कि हम उनसे पूछब, हम उनके मजबूर करब और उनसे कांग्रेस अध्यक्ष संभाले के अनुरोध करब। हम उनके पीछे ठाढ़ बानीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]