Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CBSE Board Exams: सीबीएसइ बोर्ड के परीक्षा पैर्टन में भइल बड़ बदलाव

अगिले बरिस से पहिले के तरे एक बेर होई 10वीं,12वीं के परीक्षा

161

सीबीएसई बोर्ड परीक्षा पैर्टन के संबंध में एगो महत्वपूर्ण घोषणा सामने आइल बा। ताजा सूचना के मुताबिक, केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (Central Board of Secondary Education, CBSE) का कहनाम बा कि दसवीं अउर बेरहवीं के परीक्षा पहिले के तरे बरिस में सिर्फ एक बेर आयोजित कइल जाई। बोर्ड फैसला कइले बा कि, ऊ अपने पुरान ट्रैक पर वापस आई। एकरे तहत अब एग्जाम बरिस में पहिले के तरे होई। एकर मतलब बा कि जौन लोग अब कक्षा 10 अउर 12 में प्रवेश कs रहल बाने, ओह खातिर 2022-23 शैक्षणिक वर्ष के अंत में बोर्ड परीक्षा एक बेर आयोजित कइल जाई।

सीबीएसई बोर्ड पिछले बरिस कोविड -19 महामारी के कारण उत्पन्न होखे वाला कौनो स्थिति के चलते एह बरिस खातिर कक्षा 10वीं अउर 12वीं की परीक्षा के दो टर्म में डिवाइड कइले के फैसला कइले रहल। दरअसल, कोविड -19 महामारी के दूसर लहर के कारण वर्तमान 2020-21 शैक्षणिक वर्ष खातिर बोर्ड परीक्षा के रद्द कइले के बाद निर्णय लेहल गइल रहल। छात्र के मूल्यांकन पिछला परीक्षा, प्रैक्टिकल परीक्षा अउर आंतरिक मूल्यांकन में उनके अंकों के आधार पर कइल गइल रहल।

लेकिन मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक,  बोर्ड वापस पुरान पैर्टन पर लौटे के फैसला कइले बा। एकरे बाद, अब बरिस में पिछले वर्ष के तरे फरवरी-मार्च में एक बेर एग्जाम करावल जाई।  हालांकि पहिले अइसन अटकल रहल कि बोर्ड भविष्य में भी दू टर्म के परीक्षा आगे भी जारी रखल जा सकत बा, काहेंसेकी राष्ट्रीय शिक्षा नीति (National Education Policy NEP 2020) में एह कदम के सिफारिश कइल गइल रहल। एकरे तहत पहिले टर्म के परीक्षा पहिलही हो चुकल बा, जबकि सेकेंड टर्म के एग्जाम एही महीना के अंतिम सप्ताह यानी कि 26 अप्रैल, 2022 से शुरू होखे वाला बा।

242040cookie-checkCBSE Board Exams: सीबीएसइ बोर्ड के परीक्षा पैर्टन में भइल बड़ बदलाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.