मणिपुर में नीतीश कुमार के पार्टी में बगावत: जदयू के 6 में से 5 विधायक BJP में शामिल, पार्टी के NDA गठबंधन छोड़े के फसीला से नाराज रहे ल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 3, 2022

पटना में सनीचर के JDU के होखे वाला राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक से पहिले पार्टी के तगड़ा झटका लागल बा। मणिपुर में JDU के 6 में से 5 विधायक लोग पाला बदल लेले बा। सभे

Share

पटना में सनीचर के JDU के होखे वाला राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक से पहिले पार्टी के तगड़ा झटका लागल बा। मणिपुर में JDU के 6 में से 5 विधायक लोग पाला बदल लेले बा। सभे भाजपा में शामिल हो गइल बा लो। एमे केएच जॉयकिशन, एन सनाते, मोहम्मद अछब उद्दीन, पूर्व पुलिस महानिदेशक एएम खाउटे आ थांगजाम अरुण कुमार शामिल बाड़े।

मणिपुर विधानसभा सचिवालय एह विधायकन के भाजपा में शामिल होखला के जानकारी देले बा। JDU एह साल मार्च में भइल मणिपुर विधानसभा चुनाव में 38 सीटन पs प्रत्याशी उतरले रहे, जेमे से 6 सीट पs जीत दर्ज कइले रहे। अब उहां खाली एगो विधायक JDU में बचल बा।

NDA से बाहर होखे से नाराज रहे लो सब विधायक

बतावल जा रहल बा कि सब विधायक JDU के NDA गठबंधन से बाहर आवे के फसीला से नाराज रहे लो। ई फसीला नीतीश कुमार के ओह ऐलान के बाद कइल गइल बा, जेमे मणिपुर में ऊ भाजपा सरकार से आपन समर्थन वापस लेवे के बात कहले रहस। ओहिजा, एहपर पs अब सियासत सुरु हो गइल बा। एक तरफ JDU एकरा के असंवैधानिक बतवले बिया, तs दुसरा तरफ BJP ओह विधायकन के खुला दिल से स्वागत कs रहल बिया।

सुशील मोदी बोलले- बिहारो के JDU मुक्त करिहें लालू

बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी एह ममिला पs जदयू पs तंज कसले। ऊ ट्विट कइलें- अरुणाचल के बाद मणिपुरो JDU मुक्त। बहुत जल्दिये लालूजी बिहारो के JDU मुक्त कs दिहें। हाले में अरुणाचल प्रदेश में जदयू के एगो विधायक भाजपा में शामिल हो गइल रहे।

मणिपुर में 2022 विधानसभा चुनाव आ वर्तमान के स्थिति

कुल सीट:60 | बहुमत: 31 

पार्टी | सीट |   वोट % | अभी के संख्या

भाजपा | 32 | 38 | 37

कांग्रेस | 05 | 17 | 05

जदयू | 06 | 11 | 01

एनपीएफ | 05 | 08 | 05

एनपीपी | 17 | 07 | 07

केपीए| 02 | 7.5 | 02

अन्य |       |        | 03

Tags:

, , , ,

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.