[the_ad_group id="30365"]

Japan: जापान के प्रधानमंत्री के पद छोड़िहें फूमियो किशिदा, पार्टी अध्यक्ष के अगिला चुनाव लड़े से कइले इन्कार 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जापान के प्रधानमंत्री फूमियो किशिदा अगिला महीना प्रधानमंत्री पद छोड़े के एलान कइले बाड़ें। किशिदा कहलें कि ऊ सत्ताधारी पार्टी लिबरल डेमोक्रेटिक पार्टी (एलडीपी) के अध्यक्ष पद के चुनाव ना लड़िहें आ अगिला महीना नया अध्यक्ष के चुनाव होखतही पीएम पद से इस्तीफा दे दिहेें। जापानी प्रधानमंत्री फूमियो किशिदा बुध के मीडिया से बात करत कहलें कि ऊ सत्तारूढ़ लिबरल डेमोक्रेटिक पार्टी के अध्यक्ष के रूप में फेर से चुनाव ना लड़े के फैसला कइले बाड़ें। किशिदा के एह फैसला के मतलब बा कि ऊ अगिला महीना एलडीपी के नया नेता के चुनाव तक प्रधानमंत्री पद पs रहिहें।

क्या एह वजहन से किशिदा पीएम पद छोड़े के कइलें एलान

जापान के सत्ताधारी पार्टी एलडीपी एह दिनन विवादन में बिया आ एकर यूनिफिकेशन चर्च के संगे संबंधन के लेके भइल खुलासा आ बीतल साल दिसंबर में राजनीतिक फंडिंग के लेके भइल विवाद से पार्टी नकारात्मक कारणन से चरचा में रहल। संगही किशिदा के कैबिनेट के अप्रूवल रेटिंगो लगातार गिर रहल बा आ ई पिछिला आठ महीना से खाली 20 प्रतिशत के करीब बा। पार्टी में मवजूदा किशिदा सरकार के खिलाफ विरोध के स्वर उठ रहल बा आ पार्टी नेता लोगन के कहनाम बा कि मवजूदा सरकार के नेतृत्व में अगिला आम चुनाव जीतल बहुते मुस्किल बा। बता दीं कि जापान में अगिला अक्तूबर में चुनाव होखे के बा।

फूमिया किशिदा ने अक्तूबर 2021 के जापान के प्रधानमंत्री के पद संभरले रही। किशिदा योशीहाइद सुगा के जगह लेले रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]