[the_ad_group id="30365"]

Jammu-Kashmir Encounter: डोडा में सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच मुठभेड़, एगो आतंकवादी घायल; एम4 राइफल बरामद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डोडा के अस्सर इलाका में सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच मुठभेड़ के खबर बा। एह मुठभेड़ में एगो आतंकवादी के घायल होखे के बात कहल जा रहल बा। सुरक्षा बल एम4 राइफल बरामद कइले बा लो। एकरा अलावे गोला-बारूद आ रसद सामग्रियो बरामद कइले बा लो।

मंगर के उधमपुर के तहसील रामनगर के डूडू बसंतगढ़ के पहाड़ी क्षेत्र में चार आतंकवादी देखल गइल रहलें सs। देर सांझ आतंकियन के मवजूदगी पs सुरक्षाबल तलाशी अभियान चलावल लो। अपना तरफ सुरक्षाबलन के घेरा बढ़त देख आतंकी सियोजधार के रास्ते अस्सर होत जिला डोडा के तरफ निकल गइलें सs।

सूत्रन के अनुसार, सियोजधार इलाका में आतंकवादी लउकलें सs, बाकिर धुंध के फायदा उठाके ई लोग भाग निकलल रहे। सयोजधार क्षेत्र में मौसम खराब होखला के चलते धुंध एतना जादे रहे कि दु फुट के दूरी तक देख पावल मुश्किल होत रहे। एकरा चलते सुरक्षाबलन के तलाशी अभियान में परेसानी आइल। आतंकियन के निकलला के बाद सुरक्षाबल डोडा के ओर सुरक्षा घेरा बढ़ा दिहल।

एगो हफ्ता पहिलही डूडू बसंतगढ़ में आतंकियन आ सुरक्षाबलन के बीच गोलीबारी भइल रहे। तबो आतंकी भाग निकलल रहे लो। एक हफ्ता पहिलहूं सुरक्षाबल जंगल में एह आतंकियन के घेरके रखले रहे लो, बाकिर खराब मौसम एह आतंकियन के ढाल बन रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]