[the_ad_group id="30365"]

नाला के जमीन के अतिक्रमण कs के जलनिकासी के पूरा तरे बन करे आला 24 अतिक्रमणकारियन के अंचल थमवलस नोटिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  • जलनिकासी के पूरा तरे से बन करे में डॉक्टर, जनप्रतिनिधि, समाजसेवी, किसान, फौजी, शिक्षक आ आउर लोगन के नाव बा शामिल।
  • कब्जा करे से सम्बंधित साक्ष्य के देखावे के समे 25 अप्रिल बा निर्धारित।
  • हाईकोर्ट के निरदेस पs नाला के अतिक्रमण मुक्त करावे के हो रहल बा कार्यवाही।

सीवान: रघुनाथपुर में एकमात्र मुख्य नाला के जमीन के अतिक्रमण कs के जलनिकासी के पूरा तरे बन कs के कब्जा जमावे आला 24 अतिक्रमणकारियन के अंचल कार्यालय रघुनाथपुर अतिक्रमण हटावे ला नोटिस थमवले बा।

जलनिकासी के पूरा तरे से बन करे में डॉक्टर बृजनंदन यादव, पूर्व प्रमुख भागवत साह, समाजसेवी अरविंद तिवारी, किसान ब्रजभूषण तिवारी, फौजी अखिलेश पाण्डेय, शिक्षक आलोक कुमार सहित संजय मद्देशिया, महबूब मियां, बसंती देवी, गिरधर प्रसाद, नमस्ते चौहान, गुली चौहान, विश्राम चौरसिया, ददन गुप्ता,अलीअब्बास खां, शाहबाज खां, सोनू पाण्डेय, ध्रुव पाण्डेय आदि के नाव शामिल बा।

नाला के जमीन के कब्जा करे से सम्बंधित जदि कवनो प्रमाण कवनों अतिक्रमणकारी के लगे बा तs ओकरा के दिखावे ला अंचल कार्यालय 25 अप्रिल के समे निर्धारित कइले बा।

बतावत चली कि नाला अतिक्रमण के शिकार होखला के वजे से बरसात के दिनन में करीब तीन महीना रेफ़रल अस्पताल, शहीद मैदान सहित रघुनाथपुर के दखिन टोला जलजमाव से प्रभावित रहेला। जर्जर अस्पताल भवन के नाया बनवाने आ नाला के अतिक्रमण मुक्त करावे से सम्बंधित हाईकोर्ट पटना में एगो  जनहित याचिका रघुनाथपुर निवासी अखिलेश पाण्डेय  दायर कइले रहस। जवना के निरदेस पs मापी कs के अतिक्रमणकारियन के चिन्ह के नाला के जमीन के अतिक्रमण मुक्त करावे के दिशा में कार्यवाही हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]