[the_ad_group id="30365"]

आजमगढ़ पहुंचलें सीएम योगी, 143 करोड़ के योजना के दीहें तोहफा, जनसभा में उमड़ल भीड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजमगढ़ पहुंच चुकल बाने। लोकसभा उपचुनाव में भाजपा प्रत्याशी दिनेश लाल यादव निरहुआ के जीत के बाद सीएम योगी के ई पहिला दौरा ह।  आजमगढ़ जिला के 143 करोड़ रुपया से अधिक के विकास परियोजना के सौगात दीहें। एहमें 31 परियोजना लोकार्पण अउरी 19 के शिलान्यास शामिल बा।

करीब साढे चार घंटा के दौरा में जनसभा के संबोधित कईले के सथही सीएम योगी मंडलीय समीक्षा बैठक भी करिहें। सीएम योगी आदित्यनाथ आईटीआई मैदान में विभिन्न परियोजना के लोकार्पण अउरी शिलान्यास करिहें। एकरे संगही प्रधानमंत्री आवास योजना के लाभार्थियन के प्रमाण पत्र भी वितरित करिहें।

सीएम के सुने खातिर भारी भीड़ उमड़ल बा। सुरक्षा-व्यवस्था चाक चौबंद बा। चप्पा-चप्पा पर नजर रखल जा रहल बा।  जनसभा के बाद मुख्यमंत्री हरिहरपुर गांव जइहें। संगीत घराने से जुड़ल परिवार के लोग से संवाद करिहें। आजमगढ़, मऊ अउरी बलिया के अधिकारियन के साथ कानून-व्यवस्था अउरी विकास कार्यन के समीक्षा बइठक करिहें।

एह परियोजना के होई लोकार्पण 

आईटीआई मेंहनगर, मार्टीनगंज, आजमगढ़-दोहरीघाट मार्ग से चन्नी के पुरा संपर्क मार्ग, मुबारकपुर जीयनपुर मार्ग से बेरमा कोटवा संपर्क मार्ग, बूढ़नपुर-दीदारगंज-मेंहनाजपुर औंड़िहार मार्ग, शाहगंज अकबरपुर मार्ग के धुधुरी मार्ग से नरवारी संपर्क मार्ग, बागबहार नहर की पटरी होत सदरपुर बरौली ले मार्ग, नंदाव से टिकरिया पसियान बस्ती संपर्क मार्ग, आजमगढ़-वाराणसी मार्ग से अदरसपुर यादव बस्ती मार्ग, कुजियारी चौहान अउरी मुसहर बस्ती संपर्क मार्ग, भुखली संपर्क मार्ग, मारूफपुर हादीअली संपर्क मार्ग, गांगेपुर मठिया रिंगबांध पर तीन स्परों के निर्माण, नवीन राजकीय हाईस्कूल मित्तूपुर, सुरजनपुर, डुभांव, रसूलपुर, फतेहरपुर, खानपुर चंदू अउरी निजामपुर, सीएचसी छांऊ मुहम्मदपुर, कमरावां पेयजल योजना, आसाढ़ा पेजयल योजना, आराजी देवारा नैनीजोर, सोहौली, लहुंआ खुर्द अउरी भीरा पेयजल योजना, लक्षिरामपुर स्थित शिव स्थल पर पोखरे का सुंदरीकरण अउरी पर्यटन विकास कार्य, धरवारा के बढ़ादेव मंदिर अउरी तालाब का सौंदर्यीकरण के अलावा ड्राइविंग ट्रेनिंग इंस्टीट्यूट के सीएम लोकार्पण कर सकत बाने।

एह परियोजना के होई शिलान्यास

जनपद आगमन पर सीएम बनौरा मेहनाथपट्टी नोनिया का पुरा संपर्क मार्ग, हरैया पासी बस्ती संपर्क मार्ग, जोलहापुर संपर्क मार्ग, गोपईपुर से भदीड़ संपर्क मार्ग, लालपुर साहबअली संपर्क मार्ग, सिसवारा पश्चिमी केवटान संपर्क मार्ग, दत्तापुर संपर्क मार्ग, पवई पंडितान बस्ती संपर्क मार्ग, कृषि विज्ञान केंद्र कोटवा एक व दो का सुदृढ़ीकरण, मल्टी परपज सीड स्टोर एवं टैक्नोलाजी डिसेमिनेशन सेंटर पल्हनी, अतरौलिया, अहरौला, बिलरियागंज, कोयलसा, महराजगंज, परशुरामपुर से एमजी बंधा संपर्क मार्ग, महराजगंज से एमजी बंधा संपर्क मार्ग, थाना मुबारकपुर में महिला पुलिस चौकी परामर्श केंद्र के निर्माण के शिलान्यास करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]