[the_ad_group id="30365"]

Jammu Kashmir: जम्मू-श्रीनगर हाईवे पे पुल से गिरल बस, चालक समेत 10 के मउत, 59 यात्री घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू-श्रीनगर राष्ट्रीय राजमार्ग पे झज्जर कोटली के लगे एगो बड़हन सड़क हादसा हो गइल। इहाँ पुल से एगो बस गिर गईल। ए दुर्घटना में अबे तक 10 लोग के मउत हो चुकल बा, जबकि 59 यात्री घाही बाड़े। जम्मू के मेडिकल कॉलेज अस्पताल में घायल लोग के इलाज चल रहल बा। जानकारी के मुताबिक 6 लोग के मौका पे मउत हो गईल, जबकि जीएमसी जम्मू में इलाज के दौरान मात्र 4 लोग के मउत हो गईल। मरेवाला लोग में बस चालक भी शामिल बा। घाही में से तीन लोग के हालत गंभीर बतावल जाता।

बतावल जाता कि बस नंबर UP81CT-3537 अमृतसर से वैष्णो देवी (कटड़) जात रहे। बस में करीब 60 यात्री रहले। सभे बिहार के राजधानी पटना के निवासी बतावल जाता। बस राष्ट्रीय राजमार्ग-44 पे झज्जर कोटली पहुंचते ही बस नियंत्रण खो के पुल से नीचे गिर गईल। एह हादसा में सात से अधिका लोग के मौत होखे के खबर बा. एकरा संगे 41 लोग घायल होखे के बात कहल जाता। घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। जम्मू जिला से करीब 15 किलोमीटर दूर झज्जर कोटली के पास भईल हादसा।

सीआरपीएफ के अधिकारी अशोक चौधरी बतवले कि सबेरे दुर्घटना के जानकारी मिलते ही। तुरंत हमनी के टीम इहाँ पहुंच के बचाव अभियान शुरू क देलस। लाश के बाहर निकालल गईल। घाही लोग के अस्पताल पहुंचावल गईल बा। पुलिस टीम भी हमनी के संगे बचाव अभियान में लागल बिया। सीआरपीएफ, पुलिस आ अउरी टीम भी इहाँ बा। बचाव अभियान चल रहल बा। बतावल जाता कि बस में बिहार के लोग रहले जवन कटरा जात रहले। उ लोग शायद कटरा के रास्ता भुला गईले अवुरी इहाँ पहुंच गईले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]