[the_ad_group id="30365"]

Italy: इटली के मैगीगोर झील में पर्यटकन से भरल नाव पलटल, चार के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

रविवार के झील से मरेवाला लोग के लाश बरामद भईल। फायर विभाग विजिली डेल फुको के ट्वीट के मुताबिक, सोमवार के सबेरे झील से अंतिम लाश बरामद भईल।

उत्तरी इटली के मैगीगोर झील पे एगो पर्यटक नाव पलटला से चार लोग के मउत हो गइल बा। बचाव दल के मुताबिक घंटन तक चलल ए अभियान के बाद करीब 20 लोग के बचावल गईल। एह नाव में 24 लोग सवार रहले।

रविवार के झील से मरेवाला लोग के लाश बरामद भईल। फायर विभाग विजिली डेल फुको के ट्वीट के मुताबिक, सोमवार के सबेरे झील से अंतिम लाश बरामद भईल। आंधी के चलते नाव पलट गईल। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक नाव में 24 लोग सवार रहले। फायर एंड रेस्क्यू विभाग के मुताबिक बचाव अभियान के दौरान 20 लोग के बचावल गईल। झील में नाव पलटला के बाद मौका पे बचाव खातीर गोताखोर के तैनात कईल गईल अवुरी हेलीकाप्टर के इस्तेमाल कईल गईल। फिलहाल डूबल नाव के बरामद करे के प्रयास कईल जाता। ई इटली के दुसरी सभसे बड़हन झील हवे जे इटली आ स्विट्जरलैंड के सीमा के ठीक दक्खिन में बा।

साभार- अमर उजाला

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]