[the_ad_group id="30365"]

Jaipur Accident : जयपुर-आगरा हाईवे पs हादसा; रोहतक के चार लोगन के मौत, मेहंदीपुर बालाजी के दर्शन कs के लवटत रहे लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रोहतक। खेड़ी साध निवासी एगो परिवार के चार लोगन के मेंहदीपुर बालाजी से लवटत घरी हादसा में मौत हो गइल। घटना के सूचना मिलला के बाद गांव से पांच गाड़ियन में भरके परिवार के लोग राजस्थान खातिर रवाना हो गइल। आईएमटी थाना पुलिस बतवलस कि खेड़ी साध गांव निवासी प्रमिला (46) अपना बेटा दिपांशु (21), बेटी साक्षी (17) आ पड़ोसी राजबाला (60) के संगे एगो कार में सवार होके राजस्थान के मेंहदीपुर बाला दर्शन करे खातिर गइल रहे लो।

जबकि पड़ोस से ही एगो कार में अउरियाे लोग गइल रहे। दुनो कार में सवार होके सात लोग जयपुर-आगरा हाईवे से वापस आवत रहे। रास्ता में हाईवे पs खड़ा एगो कैंटर में दिपांशु के कार जा टकराइल आ सब लोग गंभीर रूप से घायल हो गइल। घायलन के लगे के अस्पताल में भरती करावल गइल। जहवां पs सभका के मृत घोषित कs दिहल गइल। दिपांशु के बेमार पिता के एक महीना पहिलही मौत भइल रहे।

टक्कर एतना भयानक रहे कि कार से घायलन के निकाले में करीब आधा घंटा लाग गइल आ फेर ओह लोगन के अस्पताल पहुंचावल जा सकल।

Read Also: Mukesh Kumar : गेंदबाज मुकेश कुमार के घरे गूंजल किलकारी, पत्नी देली बेटा के जन्म; सोशल मीडिया पs देलें जानकारी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]