[the_ad_group id="30365"]

Raebareli: घर लवट रहल बाइक सवारन के डंपर कुचललस, दु के मौत, एक अस्पताल में भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रायबरेली। सलोन जायस रोड पs त्रिलोकपुर मोड़ के लगे बीतल रात ओवरटेक करे के चक्कर में बाइक तेज रफ्तार डंपर के चपेट में आ गइल। एमे बाइक सवार दुगो जुवक के डंपर कुचल देलस। जवना से उनकर मौत हो गइल, जबकि एगो युवक गंभीर रूप से घायल हो गइल। जवना के इलाज खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

नसीराबाद के पूरे भिखई मजरे बभनपुर गांव निवासी अमित कुमार यादव दिल्ली में नौकरी करत रहे। बियफे के देर रात उ दिल्ली से डीह पहुंचल। घर जाये खातिर उ सवारी वाहन के इंतजार करे लागल। एही दौरान सवारी वाहन ना मिलला पs उ घर में फोन कइलस।

एह पs ओकर छोट भाई आशीष कुमार आपन साथी भोला विश्वकर्मा के संगे भाई के बाइक से लेवे खातिर आइल। बाइक पs तीन लोग सवार भइल। सलोन जायस रोड पs त्रिलोकपुर मोड़ के लगे डंपर के ओवरटेक करत घरी बाइक ओकरा चपेट में आ गइल।

हादसा में बाइक चला रहल भोला विश्वकर्मा (25) आ अमित यादव (24) डंपर के पहिया के नीचे आ गइल लो आ दुनो के मौत हो गइल। ओहिजा, पीछे बइठल आशीष कुमार (18) गंभीर रूप से घायल हो गइल। हादसा के बाद डंपर चालक भाग गइल। सूचना पs पहुंचल चौकी इंचार्ज कृष्ण चंद्र घायल ले आननफानन अस्पताल पहुंचवलें। ओहिजा, हादसा के खबर लगतही परिजन मवका पs पहुंचल लो। थानाध्यक्ष जीतेंद्र मोहन सरोज बतवलें कि सड़क हादसा में दुगो जुवकन के मौत भइल बा। एगो जुवक घायल रहे, ओकरा के इलाज खातिर अस्पताल भेजल गइल बा।

Read Also:

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]