[the_ad_group id="30365"]

जगदीशपुर-जंगल कौड़िया रिंग रोड: सर्वे खातिर पहुंचल अधिकारियन से नोकझोंक, फेर बैरंग लवटल टीम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जंगल कौड़िया-जगदीशपुर रिंग रोड से प्रभावित किसानन आ अधिकारियन के बीच बुध के इटहिया में नोकझोंक भइल। एनएचएआई के कर्मचारियन संगे जमीन के सर्वे करे पहुंचल नायब तहसीलदार सदर विकास कुमार से लोग कहल कि मुआवजा देला के बादे कवनो काम सुरू कराई। एह बात के लेके करीब आधा घंटा तक गहमागहमी बनल रहे।

जंगल कौड़िया-जगदीशपुर रिंग रोड निर्माण काम खातिर 26 गांवन के किसानन के जमीन अधिग्रहित कइल गइल बा। कम मुआवजा मिलला के वजह से किसान रिंग रोड के काम रोक देलस लो। 16 जुलाई के पिपराइच विधायक महेंद्र पाल सिंह के संगे गोरखनाथ मंदिर में जाके किसान सीएम योगी से मुलाकात कs के आपन बात रखले रहे लो। सीएम सब किसानन के उचित मुआवजा देवे के निरदेस दिहल लो। ओने, मुआवजा के ममिला सुलझावे खातिर किसान आर्बिट्रेशनो दाखिल करा रहल बा लो।

बुध के इटहिया आ कोनी गांव में अधिग्रहित जमीन पs काम सुरू करावे खातिर सर्वे करे अधिकारी पहुंचल लो। एकर जानकारी स्थानीय लोगन के हो गइल। कुछे देर में उहां इटहिया गांव के श्यामू निषाद, मनीष विश्वकर्मा, सिकंदर, धर्मेंद्र, पिंटू, अमुक यादव, नरसिंह, गणेश, वकील, गुड्डू मिश्रा, मनोज, राकेश आदि पहुंच गइल लो। लोग मुआवजा के भुगतान कइले बिना सर्वे करावे पs विरोध जतावल।

एकरा के लेके अधिकारियन आ किसानन के बीच नोकझोंक भइल। करीब आधा घंटा तक चलल बहस के बाद सर्वे करे पहुंचल अधिकारी-कर्मचारी उहां से कोनी चल गइल लो। हालांकि, एकरा पहिले आधा किमी सर्वे हो चुकल बा। करीब दो बजे कोनी में सर्वे सुरू भइल। एह दौरान सिहोंरिया,रमवापुर आ मठिया के किसान मवका पs पहुंच गइल लो। किसानन के विरोध के बाद सर्वे टीम लवट गइल।

किसानन के कहनाम बा कि सब लोग विधायक महेंद्रपाल सिंह से मुलाकात करी लो। एह दौरान लेखपाल उपेंद्र कुमार, ऋषभ हुसैन, धर्मबीर कुमार, आशुतोष सिंह, नरसिंह सिंह ,रामनाथ सिंह,गणेश सिंह, संदीप गौड़, राम प्रताप चौरसिया, दिग्विजय सिंह, वकील सिंह, गुड्डू बाबा आदि मवजूद रहे लो।

सर्वे खातिर गांवन में टीम गइल रहे, बाकिर किसान लो विरोध जतावल। केहूओ के संगे कवनो नोकझोंक नइखे भइल। ममिला के जानकारी उच्चाधिकारियन के दिहल गइल बा। – विकास कुमार, नायब तहसीलदार, सदर

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]