[the_ad_group id="30365"]

थाना में ओडी पदाधिकारी पs एसपी तनलें पिस्टल:बाइक पs सिविल ड्रेस में सड़क पs निकललें सारण एसपी, थाना आ चौराहन पs अपराधियन के तरे कइलें मॉकड्रिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण में बियफे के अनोखा नजरा देखे के मिलल। जब सारण एसपी सिविल ड्रेस में हथियार लहरावत सड़क पs घूमलें आभेष बदलकेपुलिस गतिविधियन के जांच पड़ताल कइलें। बियफे के दुपहरिया बाद मशरक थाना परिसर सहित आसपास के चौक चौराहन पs ड्यूटी पs तैनात पुलिसकर्मी हाथ मे पिस्टल लहरावत बाइक सवार के देख सहम गइल लो। केहुओ के कुछ सूझत ना रहे। फेर बाइक सवार आपन हेलमेट उतार परिचय पत्र देखावल तs पुलिसकर्मी सैल्यूट करे लागल लो।

ई नाटकीय अंदाज पुलिस के अपराधियन से निपटे खातिर जीवंत डेमो सारण एसपी डॉ गौरव मंगला के ओर से कइल गइल। सारण एसपी खुलेआम सिविल ड्रेस में दुगो बाइक पs तीन आउर अधिकारियन के संगे छपरा से मशरक पहुँचलें। महाराण प्रताप चौक पs गश्त में लागल पुलिसकर्मियन के हड़कवलें। ओहिजा मोबाइल चलावे में लागल पुलिस कर्मियन के सख्ती देखावत मोबाइल ले लेलें। जवना के बाद फर्राटा भरत बाइक से मशरक थाना पहुँचलें। थाना परिसर में पहुंचतही ओडी ड्यूटी पs तैनात जमादार विपिन कुमार पs अपराधियन के तरे रिवाल्वर तान देलें। एह दृश्य के देख आसपास मवजूद सब लोग भौचक्का रह गइल। आसपास खड़ा लोग एने ओने भागे लागल। ओडी ऑफिसरो खुद के गन पॉइंट पs देख सकता में आ गइलें।

माहौल के भांपते एसपी ने तुरन्त आपन हेलमेट उतारके आपन आई कार्ड देखवलें तब जाके इस्थिति समान्य भइल। एसपी द्वारा थाना परिसर में जांच पड़ताल करत एसएचओ के बारे में पूछल गइल तs ओडी पदाधिकारी फील्ड में होखे के बात बतवलें। जवना के बाद पलक झपकतही एसपी बाइक से राजपट्टी गोलम्बर पs पहुँच गइलें। जहाँ ड्यूटी पs तैनात दरोगा पसे पिस्टल तान देलें। जवना के जबाब में दरोगा आपन पिस्टल निकालके तान देलें। तब एसपी आपन आई कार्ड देखवलें। परिचय होखते दरोगा सैल्यूट दगलें आ एसपी शाबासी आउर पुरस्कार के घोषणा करत आगे के तरफ निकल गइलें।

सारण एसपी अपना एह अन्दाज से पुलिस कर्मियन के अपराधियन से एह तरे के अचानक हमला से बांचे के बेहतरीन सीख देलें। जवना के लेके पूरा दिन जिला के पुलिसकर्मी हलकान रहल लो। एसपी के एह अंदाज के चरचा जोर पs बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]