[the_ad_group id="30365"]

शाहरुख खान से मिलान कइल हमरिये बेइज्जती, ‘सीतारामम’ के ‘वीर जारा’ से तुलना पs बोलले दुलकर सलमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीता रामम

भारत अउरी पाकिस्तान के बीच पनपत नफरत के दौर में फिल्म ‘सीता रामम’ के प्रेम कहानी कुछ लोग के शाहरुख खान के फिल्म ‘वीर जारा’ के याद दियावेले। त जाहिर सी बात शाहरुख खान से तुलनात्मक सवाल दुलकर सलमान से होइबे करी। दुलकर सलमान कहने ‘हम शाहरुख खान के बहुत बड़ प्रशंसक हईं। उनकर फिल्म से हमके बहुत प्रेरणा मिलल बा। ऊ न खाली बहुत बड स्टार हवे बलुक बहुत निम्मन आदमी भी हवें। महिला के ऊ बहुत सम्मान करेने। शाहरुख खान खाली एक्के हो सकतने। उनकर जगह केहू नाइ ले सकsला। उनकर खुद के तुलना करे के मतलब, अपने बेइज्जती करावे वाली बात होई।

विज्ञापन

सीता रामम

फिल्म के शूटिंग के दौरान अपने अनुभव के साझा करत दुलकर सलमान कहलें- ‘हमनीके एके पिछले साल शूट कइले रहनी जा, अउरी हम जहां भी गइलीं, कोविड हमनीके पीछा कइलस । ई अइसन फिल्म हवें जौन कौनो अभिनेता खातिर जीवन में एक बेर आवेला। हम अब ले 35 फिल्म क चुकल बानीं। ओह सब फिल्म में से ई हमरे करियर के बेहतरीन फिल्म बा। आप लोग के आशीर्वाद अउरी प्यार के वजह से आजु इहां आप लोग के सोझे खड़ा बानीं।

सीता रामम

दुलकर सलमान के फिल्म ‘सीता रामम’ के प्रेस कॉन्फ्रेंस के आयोजन अंधेरी के पीवीआर थियेटर में कइल गइल। कई साल पहिले के घटना याद करत दुलकर सलमान कहलें- ‘हमके याद बा, कई साल पहिले हम अपने एगो दोस्त के संगे मुंबई आइल रहनीं तब एही थियेटर में सुबह से लेके साँझ ले तीन फिल्म देखले रहनी। आजु एही थियेटर में हमार फिल्म के पोस्टर लागल बा।

सीता रामम
  • ‘सीता रामम’ के कहानी अइसन मोड़ पर खत्म होला। जहां से लगबे नाइ कsरला कि एह फिल्म के सीक्वल बन सकsता। लेकिन का एह तरह के कौनो फिल्म बनावल जा सकsता। दुलकर सलमान कहने, ‘न खाली हमार फिल्म, बलुक अउर अइसन फिल्म के बात कs रहल बानीं जौन क्लासिक बन जाला। हमके नाइ लागsता है कि अइसन फिल्म के सीक्वल चाहे रिमेक बनावे के चाहीं। कुछ फिल्म बन जाला, हम दुबारा ओह फिल्म के ओही परिदृश्य में नाइ बना सकतनी।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]