[the_ad_group id="30365"]

फ़िल्म स्टार महेश बाबू के माई के निधन, पिछले कुछ हफ्ता से अस्पताल में चलत रहे इलाज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुपरस्टार महेश बाबू के माई अउरी अभिनेत्री इंदिरा देवी के निधन हो गइल बा। प्राप्त जानकारी के मुताबिक सुपरस्टार के माई पिछले कुछ हफ्ता से अस्वस्थ रहे। उनकर इलाज हैदराबाद के एआईजी अस्पताल में चलत रहे। तबीयत बिगड़ले के बाद उनके कुछ समय खातिर वेंटिलेटर पर भी रखल गइल, लेकिन आजु सुबह 4 बजे उ अंतिम सांस लेहली।
साल 2022 महेश बाबू खातिर दुखन के पहाड़ ले के आइल बा। पहिले साल के शुरुआत में उ अपने भाई रमेश बाबू के खो दिहलें अउरी अब उन के अपने दिल के एक अउरी सबसे प्रिय व्यक्ति से दूर होखे के पड़ल। आधिकारिक जानकारी के मुताबिक इंदिरा देवी के पार्थिव शरीर पद्मालय स्टूडियो में बिहाने 9 बजे से दुपहर 12 बजे ले अंतिम दर्शन खातिर लावल जाई। एकरे बाद जुबली हिल्स के महाप्रस्थानम में दिन में अंतिम संस्कार होई।
महेश बाबू के परिवार द्वारा जारी कइल गइल आधिकारिक बयान के अनुसार, “दिग्गज अभिनेता कृष्णा के पत्नी अउर महेश बाबू के माई घट्टामनेनी इंदिरा देवी के कुछ समय पहिले निधन हो गइल। उ पिछले काफी समय से बीमारी से त्रस्त रहली। उनके पार्थिव शरीर के आजु सुबह 9 बजे प्रशंसकन के दर्शन खातिर पद्मालय स्टूडियो में रखल जाई अउर बाद में महाप्रस्थानम में अंतिम संस्कार कइल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]